Home Entertainment HBD: दमदार किरदार अउरी बेबाक अंदाज वाली कंगना केहू खातिर सोना त केहू खातिर शूल हईं, जानीं संघर्ष

HBD: दमदार किरदार अउरी बेबाक अंदाज वाली कंगना केहू खातिर सोना त केहू खातिर शूल हईं, जानीं संघर्ष

0
HBD: दमदार किरदार अउरी बेबाक अंदाज वाली कंगना केहू खातिर सोना त केहू खातिर शूल हईं, जानीं संघर्ष

[ad_1]

ई सब भी अगर कवनो साहसी स्त्री के ना रोक पावे त उ बनेले कंगना. देखीं ई त हम लिंग-विशेष बात कइनी हं, बाकिर ई आदमियो के साथे होला, जदी उ सगरो बंधन तूरत सफलता के चोटी पर चढ़त होखे त. कहे के माने रउआ केहू होईं, समाज के एगो हिस्सा अड़ंगा डलबे करी. जदी नारी बानी तनी बेसी होई, दोसरा ढंग से होई. बाकिर धार के खिलाफ चले के त पड़ी. खैर, उलटा धारा में चलल त रउआ पराक्रम के पहिचान होला.

कंगना रनौत के बचपन त एगो सामान्य लइकी जइसन गुजरल बाकिर युवावस्था आवते उनका जीवन में खूब उलट फेर चालू भइल आ जवन संघर्ष के थपेड़ा मिलल उ आज ले चल रहल बा. आज कंगना भारतीय फिल्म जगत के सबसे अधिक मेहनताना लेबे वाली अभिनेत्री हई, हमेशा स्त्री प्रधान सिनेमा करेली अउरी उ बॉक्स ऑफिस पर सफल भी होला. बाकिर उनके बेबाकीपन आ अन्याय के खिलाफ मुखर होके बोले वाला जवन आदत बा, उ हरदम उनका के परेशानी में ड़ालत रहेला. उ रितिक रोशन के साथे उनके रिश्ता पर विवाद होखे, कई गो फिल्मी हस्ती पर कइल केस होखे भा करण जौहर के साथे नेपोटिज्म के विषय पर विवाद होखे… कंगना कबो डेराइल नइखी.

बॉलीवुड क्वीन, कॉन्ट्रोवर्सी क्वीन के नाम से जानल जाए वाली कंगना रनौत के जन्म 23 मार्च 1987 के भइल रहे. उ हिमाचल के मंडी जिला में सूरजपुर भामबला में पैदा भइली. उनके परिवार में उनके माई बाउजी, बड़ बहिन आ एगो छोट भाई बा. उनके माई आशा रनौत सरकारी स्कूल में शिक्षिका हई आ पिता जी अमरदीप रनौत बिजनेसमैन. बड़ बहिन रंगोली चंदेल अब कंगना के काम मैनेज करेली. रंगोली चंदेल जब युवा रहली त एगो अपराधी उनका ऊपर एसिड फेंक देले रहे. उनके परिवार आ स्वयं रंगोली एह त्रासदी के भुला के अब एगो सामान्य जिनगी जियत बाड़ी आ उनके एगो सुंदर बेटा भी बा, पति बा, पूरा परिवार बा. कंगना अक्सर अपना दीदी आ अपना बहिन-बेटा के फोटो डालत रहेली. उ कई बार अपना दीदी के ऐसिड सरवाइवल कहानी भी मीडिया के बतावेली.

कंगना के जन्म से खुश ना रहे रनौत परिवार

कंगना एक बार बतवली कि उनका जनम से उनके परिवार खुश ना रहे. कारण रहे कि उनके परिवार में पहिला संतान लड़की रहे. उनके बड़ बहिन रंगोली के जन्म पर खूब उत्सव मनल बाकिर फेर से लइकी संतान पैदा भइला पर लोग नाखुश रहे. बाकिर भगवान के त कुछ दोसरे खेल रहे. इहे कंगना एक टाइम बाद अइसन नाम बनवले बाड़ी कि सगरो परिवार के उनका पर अभिमान बा. रंगोली आ छोट भाई अक्षत त बुझीं कंगना के साथे ही उनका काम में व्यस्त रहेला लोग कि उहे ओ लोग के करियर बन गइल बा. रंगोली उनके मैनेजर हई आ अक्षत कंगना के फिल्म प्रोडक्शन हाउस मणिकर्णिका फिल्म्स के हेड.

जब डॉक्टर के सपना उनका फेल भइला से टूट गइल

कंगना के परिवार में उनके दादा जी प्रशासनिक सेवा में बड़ अधिकारी रहलें. सभके मन रहे कि कंगना डॉक्टर बनस. बाकिर जब उ बारहवीं के बोर्ड में फेल हो गइली त सबके एक बार लागल कि ई लइकी कुछ ना कर पाई. हालांकि उ दिल्ली अइली. उनके अभिनेत्री बने के सपना बचपने से रहे, जवना के उ दिल्ली में आके उजागर कइली. एह बात पर भी घर में काफी वाद विवाद भइल. हिमाचल के पहाड़न में बसल एगो छोट जगह के लइकी मायावी दुनिया में अभिनेत्री बनी, इ सोचहीं में बड़ बात बा.

परिवार कंगना से बात कइल छोड़ देहले रहे

दिल्ली में कंगना प्रसिद्ध अस्मिता थियेटर के संचालक अरविन्द गौड़ के निर्देशन में प्ले शुरू कइली. उ अभिनय के ट्रेनिंग भी उनसे लिहल चालू कइली. कंगना के पहिला मंचित नाटक गिरीश करनाड के ‘रक्त कल्याण’ रहे. कंगना के घर से कवनो सहायता ना मिले. उनके पिता ना चाहत रहलें कि उ फिल्मन में आवस. जब कंगना दिल्ली से मुंबई में अइली त उनके संघर्ष अउर बढ़ गइल. इहाँ के खर्चा आ भागदौड़ दिल्ली के मुकाबले कई गुना रहे. कंगना के कई दिन रोटी आचार खा के गुजारे के पड़ल. एक बार कवनो लइका के शहर में रहल तुलनात्मक रूप से कम मुश्किल हो सकेला, बाकिर लइकी के त बड़ा कुछ देखे भोगे के पड़ेला. कंगना के मजबूरी के बड़ा लोग फायदा भी उठावल.

कंगना के पहिला फिल्म से निकालल गइल त दुसर बड़ फिल्म मिल गइल

बाकिर कंगना के प्रतिभा अउरी सफल होखे के जिद रहे कि उनके किशोरावस्था में ही फिल्मन में मौका मिलल. जब उ सत्रह साल के रहली त महेश भट्ट के फिल्म गैंगस्टर के लीड रोल सिमरन के किरदार निभावे के मिलल. ई फिल्म खातिर उ निर्देशक अनुराग बसु के आपन ऑडिशन देहली. हालांकि महेश भट्ट के लागल कि कंगना के उमिर कम बा एह रोल खातिर. बाकिर जब पहिले से साइन हीरोइन चित्रांगदा सिंह ई फिल्म करे से मना कर देहली त कंगना ई रोल कइली. एह रोल से उ फिल्मी लोग के नजर में अइली. एह रोल खातिर उनके फिल्मफेयर के डैब्यू अवॉर्ड भी मिलल. सभे उनमें मीना कुमारी के ट्रेजेडी क्वीन वाला झलक भी देखल.

इहवें से कंगना फिल्म दर फिल्म आपन धमक देखावत गइली. फेर उनके जीवन में आइल नारी प्रधान फिल्म क्वीन जवन उनके घर घर ले पहुँचा देहलस. ओकरा बाद तनु वेड्स मनु के दुनू पार्ट में उनके धमाकेदार अभिनय देख लोग लोहा मान लिहल.

कंगना के आवे वाला समय में एयरफोर्स के सैन्य अधिकारी के रोल में फिल्म तेजस आवे वाला बा. अउरी उनके महत्वाकांक्षी प्रोजेक्ट धाकड़ भी आ रहल बा जवना में उ सुपरलेडी के रोल में बाड़ी जवन अकेले गुनाह के मिटावे चल देले बिया. ई दुनू फिल्म पर कंगना कई साल से काम कर रहल बाड़ी आ आवे वाला समय में एकर धमाका भी दर्शक देखिहें. आज जन्मदिन के अवसर पर उनके स्वास्थ्य अउरी सफलता खातिर खूब शुभकामना!

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

टैग: भोजपुरी, Kangana Ranaut, कंगना रनौत इंस्टाग्राम

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here