Bhojpuri: बिहार में कोरोना मचइलस कोहराम, प्रोटोकॉल क उड़ल बा मजाक

Date:

[ad_1]

संजय शाश्वत

चारों ओर अफरा-तफरी के माहौल बनल बा . बिहार में अईसन कवनो वर्ग नईखे जवन जना तीसरा लहर से परेशान नइखे. राज्य में पिछला 7 दिन में 730 फ़ीसदी लोग कोरोना के टीका लेले बा. जे जे टीका लेवे में आनाकानी कईलस बा लोग ,अब हांफत हांफत टीका लेवे चहुँपत बाड़ें. जान बचावे ख़ातिर लोग दिन रात का ठंढा,का बरसात ….अब एहि बात से अंदाजा लगावल जा सकत बा कि लोग कतना डरल बा.

Advertisement
Advertisement

बिहार के मुख्यमंत्री के साप्ताहिक जनता दरबार में सोमार के दिन 14 लोग संक्रमित पाइल गईल जेकरा में 4 गो फरियादी रहन ,6 गो पटना के एगो मशहूर होटल के स्टाफ रहलन जा.मंगर के दिन,पटना के जनता दल यू परधान कार्यालय में 5 गो स्टाफ कोविड पॉजिटिव पाइल गईल बाड़न . मुख्यमंत्री नीतीश कुमार खुदे सब घटना प नज़र रखले बाड़ें. ओइसे पूरा ऑफिसवे के सील क दियाईल बा.सोमार के बात ह ,बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आ हम के नेता जीतनराम मांझी के साथे साथे ,पूरा परिवारे कोविड से प्रभावित हो गइल बा. पत्नी, पतोह,बेटा, बेटी सहित 6 लोग अपना घरे में कोरन्टीन क ले ले बा. पिछला 3 दिन में बिहार में कोरोना के 977 नया केस आईल बा.

बिहार में पिछला दिन आईएमए के मीटिंग रखल गईल रहे जहवां देस भर के डॉक्टर आईल रहलन. मीटिंग के बाद पुरस्कार वितरण भी भईल . ई आयोजन के कइला के परिणाम इहे निकलल कि दर्जनों डॉक्टर लोगन कोरोना से संक्रमित हो गईलन. अब तक पूरा पटना में ही 200 से जादे डॉक्टर आ स्वास्थ्यकर्मी लोग कोरोना से इफेक्टेड बा. गया के मगध मेडिकल कॉलेज के 68 स्टूडेन्स ,नर्स ,स्वास्थ्यकर्मी पॉजिटिव बा लोग,जेकरा में एमबीबीएस के 35 छात्र-छात्रा बा लोग.मगध मेडिकल कॉलेज अईसन हाल प प्रिंसिपल अर्जुन चौधरी लाइब्रेरी भी बंद क देलन ,साथ ही सब क्लास के ऑनलाइन चलावे के आदेश दे देलन. नालन्दा मेडिकल कॉलेज के 72 डॉक्टर आs 344 मेडिकल छात्र पॉजिटिव निकलनन त पटना एम्स के 4 डॉक्टर भी संक्रमित पाइल गईल बाड़न. एम्स के निदेशक भी संक्रमित हो गइल बाड़न ,एकरा पहिले भी 2 बार ऊहां के संक्रमित हो गइल बानी.

किशोर पीढ़ी लोगन के भी टीका पड़ल शुरू भईला से माई-बाप, अभिभावक लोग थोड़ा सुकून के सांस त लेत बाड़ें ,लेकिन बच्चा बर्ग के लेके चारो ओर अफ़रातफ़री के माहौल बा . बिहार में कोरोना आपन 7 महीना पहिले के स्थिति में मजबूती से पांव जमा देले बा. कोरोना प्रोटोकॉल का मज़ाक समझे वाला दिग्गज नेता लोग जादे शिकार भईल जा रहल बाड़ें. बिहार के उप मुख्यमंत्री रेणु देवी के पॉजिटिव भईला से ई स्पष्ट बात सामने आ रहल बा कि कोरोना केहू के चिंहत नईखे कि तू के हव ..! राज्य के दुनों डिप्टी सीएम तारा किशोर प्रसाद सहित नीतीश सरकार के अभी आधा दर्जन मंत्री भी कोरोना के चपेट में आईल बाड़ें . अनुसूचित जनजाति मंत्री संतोष मांझी ,मद्य निषेध मंत्री ,सुनील कुमार, भवन मंत्री ,अशोक चौधरी आदि भी खुद के होम कोरन्टीन करके रखलें बाड़ें.

Advertisement

बिहार में प्रोटोकॉल ना सही ढंग से लगावल गईल ,ना ही गम्भीरता से लेल गईल . राज्य में पंचायतीराज चुनाव अभी जाके दिसम्बर में पूरा भईल जवना में कोविड प्रोटोकॉल का चीज ह ,कहूँ ना लउकत रहे . मुख्यमंत्री से ले के अनेक मंत्री, सांसद, विधायक आदि नेतागण आपना के सुपरमैन समझत रहे लोग . अब जाके सबन लोगन बुझा रहल बा कि तू आदमिये लोग हव . 4 जनवरी के बिहार में एक ही दिन में 893 केस पॉजिटिव अईला से सगरो बात चल गईल बा कि सावधान रहs, मज़ाक उड़ईले त बबुआ गईलs.

सरकार कोरोना के ले के अगर एलर्ट रहित त केस अईसन ना आइत. आइएमए के बैठकबाजी भी कोरोना के माहौल में आग में घीव डाले के काम कईले बा . अईसन सैकड़ो प्रोग्राम भईल बा जवना से कोरोना के बढ़ावे के ताकद मिलल . 56 गो रिकभरी के बाद भी 2222 केस अभी भी बिहार में एक्टिव बा ,जबकि रिकभरी दर 98.03 फीसदी बा. संक्रमण के फैलला से संक्रमण दर में भी गिरावट आ रहल बा, जवन लोगन के हित में ठीक नईखे . बिहार के 5 जिला सबसे अधिका कोरोना के चपेट में आईल बा , पटना में 1250 ,गया में 460 ,मुजफ्फरपुर में 70 ,जमुई में 34,मुंगेर में 65 . अब एकरा के आसानी से रोकल बहुते मुश्किल बा ,लेकिन अगर अब भी लोग मास्क आ सोसल डिस्टेंस ना रखीयन त पछतइहन ….

आपके शहर से (पटना)

Advertisement

Advertisement

टैग: भोजपुरी लेख, भोजपुरी समाचार, कोरोना अपडेट

Advertisement

.

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

STAY CONNECTED

Share post:

Subscribe

Popular

More like this
Related