Home भोजपुरी HBD: पुष्पा स्टार से भोजपुरिया स्टार के सिखला के गरज बा, कइसे रीजनल सिनेमा के ग्लोबल बनावल जाला

HBD: पुष्पा स्टार से भोजपुरिया स्टार के सिखला के गरज बा, कइसे रीजनल सिनेमा के ग्लोबल बनावल जाला

0
HBD: पुष्पा स्टार से भोजपुरिया स्टार के सिखला के गरज बा, कइसे रीजनल सिनेमा के ग्लोबल बनावल जाला

[ad_1]

गांव अउरी छोट शहर के दर्शक खासकर जवान लइका अल्लु के फैशन सेंस अउरी स्टाइल के खूबे कॉपी करेलें. वजह बा, उनके यूट्यूब पर हिन्दी में डब भइल फिल्म. अगर रउआ यूट्यूब पर देखब त साउथ के फिल्मन के हिन्दी डब एतना पॉपुलर बा कि कई कई करोड़ में ओकर व्यूज बा. टीवी पर भी अधिकांश फिल्म साउथ के ही चलेला. माने हिन्दी पट्टी में साउथ फिल्मन के बहुत बोलबाला बा.

एगो बड़ दर्शक समूह हिन्दी के अधिकतर थकाऊ आ मेट्रोपॉलिटन विषय वाली फिल्मन के छोड़ साउथ के मनोरंजक आ मास कनेक्ट वाली फिल्मन के ओर झुकल बा. इहे हाल भोजपुरी सिनेमा के साथे भी बा. जवन दर्शक कुछ साल पहिले ले भोजपुरी फिल्मन के सिनेमाघर में जाके आ इंटरनेट पर देख के खूब प्यार आ पैसा लुटावत रहल ह, अब उ साउथ पर दिल लुटा रहल बा. ई एगो सबसे बड़ कारण बा कि जब अल्लु अर्जुन अपना करियर में पहिला बार आपन फिल्म ‘पुष्पा’ के हिन्दी डब करके सिनेमा में रिलीज कइलें.

‘पुष्पा’ अइसन चलल कि विश्वकप जीत के ऐतिहासिक पृष्ठभूमि पर बनल 83 में बड़ स्टार कास्ट होखला के बादो बॉक्स ऑफिस पर पछाड़ देहलस. स्पाइडर मैन जइसन बड़ फिल्म के बिजनेस स्लो हो गइल. पुष्पा ओटीटी में रिलीज भी हो गइल रहे तबो लोग घरे टीवी मोबाईल पर ना देख सिनेमाघर में जात रहल. जब पुष्पा के हिन्दी वर्जन के बॉक्स ऑफिस रिपोर्ट आइल तब लोग चौंकल कि जवन सिंगल स्क्रीन सिनेमाघर में फुटफाल के रोना भोजपुरिया सिनेमा के लोग रोअत बा, उ असल में मिथक बा. बिहार में गिनल चुनल मल्टीप्लेक्स होखे बा सिंगल स्क्रीन, पुष्पा कहीं ना झुकल, ना रुपया कमाए में, ना ऑडियंस खिंचला में.

8 अप्रैल के पुष्पा स्टार के जन्मदिन ह. त अल्लु अर्जुन के जन्मदिन के शुभकामना त दिअइबे करी, साथे हम भोजपुरी सिनेमा के तात्कालिक कर्णधार लोग के चेतइबो करेम कि भाई लोग अब त आँख खोलs जा, कहिया ले शुतुरमुर्ग तरे मुड़ी रेती में धंसा के रखबs. एगो रीजनल सिनेमा जेकर अधिकांश ऑडियंस वर्ग एक राज्य तक सीमित बा, उ ग्लोबल बन गइल आ सिनेमा इतिहास में नाम बना लेहलस. ओही जगह तू लोग, जेकर भाषा ग्लोबल बा, खाली बिहारे में ना, भारत के कई गो राज्य में बोलल जाला, विश्व के कई गो देश में बोलल जाला, भारत के कोना कोना में एकर बोलवइया बसल बाड़ें. ओह भाषा भोजपुरी के सिनेमा में हेतना कचरा, सुधरे के कवनो संकेत ना. ओह, शर्म से डूब मरे वाला बात बा!

अल्लु अर्जुन अपना टैग ‘स्टाइलिश स्टार’ के चरितार्थ करेलें

अल्लु अर्जुन के पिता अल्लु अरविन्द एगो फिल्म निर्माता हवें. उनके माई के नाम निर्मला ह. अल्लु के नाना साउथ के प्रसिद्ध कॉमेडियन रहलें. तेलुगु परिवार में जनमल अल्लु अर्जुन तेलुगु सिनेमा के सुपरहिट स्टार हवें. हालांकि उ मलयाली अउरी तमिल लोगन में भी बड़ा प्रसिद्ध बाड़ें. अल्लु अर्जुन के फुआ के बियाह प्रसिद्ध तेलुगु सुपरस्टार चिरंजीवी से भइल बा. एह चलते साउथ के सुपरस्टार रामचरण तेजा, साईं धरम तेज, वरुण तेज आदि फुफेरा भाई लागेला लोग.

अल्लु के जन्म 8 अप्रैल 1982 में भइल, त असो उनके 40वां जन्मदिन ह. अल्लु के बचपने में डैब्यू भइल रहे विजेता में. ओकरा बाद उनके बड़ भइला पर 2003 के फिल्म गंगोत्री में भइल. ई फिल्म बॉक्सऑफिस पर सफल भइल आ लोग उनके पसंद कइल. ओकरा अगिला साल अल्लु अर्जुन के फिल्म ‘आर्या’ आइल, जे में उ मस्तमौला लइका के किरदार में रहलें. ई फिल्म एतना बड़ हिट भइल कि 4 करोड़ के बजट में बनके 30 करोड़ के कमाई कइलस. ई फिल्म उनका करियर के एकदम उठा देहलस.

अल्लु अर्जुन के लगातार फिल्म आवत गइल अउरी हिट होत गइल. उनके कुछ साल में ही एगो बड़ प्रशंसक समूह बनल आ फेर फिल्म आइल बद्रीनाथ. ई फिल्म पहिला भारतीय फिल्म रहे जेकरा ए सर्टिफिकेट मिलल. एकर एक्शन सीक्वेंस एतना लोकप्रिय भइल कि 187 मूवी थियेटर में 50 दिन ले लगातार चलते रहि गइल. अल्लु अर्जुन लगातार अपना खुशदिल, मनमौजी, विशेष ऐटिटूड वाला किरदारन से लोगन के मोहत रहल बाड़ें. एही चलते बड़ बड़ फिल्म आलोचक ई कहेला कि अल्लु अर्जुन आपन टैग ‘स्टाइलिश स्टार’ के सच में चरितार्थ करेलें. फिल्म ‘पुष्पा – द राइज़’ ओकर पहिला मिसाल ह. अब पुष्पा के अगिला पार्ट ‘पुष्पा – द रूल’ एह साल के अंत ले रिलीज होई. अल्लु अर्जुन के अपना फिल्मन में सनातन धर्म के गौरव देखवला के हमहूँ बड़ प्रशंसक हईं. अल्लु अर्जुन के जन्मदिन के खूब सारा शुभकामना, अइसहीं उ देश दुनिया के अपना फिल्मन से मनोरंजित करत रहस! महादेव!

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं.)

टैग: अल्लू अर्जुन, भोजपुरी में लेख, भोजपुरी

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here