Home भोजपुरी Bhojpuri: शमिता शेट्टी, तुषार, प्रवेश लाल यादव जइसन सुपरस्टार के भाई-बहिन के ना चलल सिक्का, जानीं काहें

Bhojpuri: शमिता शेट्टी, तुषार, प्रवेश लाल यादव जइसन सुपरस्टार के भाई-बहिन के ना चलल सिक्का, जानीं काहें

0
Bhojpuri: शमिता शेट्टी, तुषार, प्रवेश लाल यादव जइसन सुपरस्टार के भाई-बहिन के ना चलल सिक्का, जानीं काहें

[ad_1]

एकरे के फैन्सी भाषा में नेपोटिज़म कहल जाला, माने भाई भतीजावाद. खैर, ई त राजनीतिओ में कूट कूट के भरल बा. हिन्दी सिनेमा त असहीं नेपोटिज़म खातिर बदनाम बा. अगर रउआ साउथ सिनेमा देखब त माथा चकरा जाई. उहाँ त एके घर के पाँच पाँच गो लोग सुपर आ मेगास्टार बा.

खैर, आजकल शमिता शेट्टी बड़ा चर्चा में बाड़ी. कारण बा कि उ बिग बॉस में गइल रहली अउरी बिग बॉस के एह सीजन के विनर तेजस्वी प्रकाश से खूब पंगा भी लेत रहली ह. दुनू जाना के बीच के झगड़ा खूब सुर्खी भी बटोरले बा. एक दिन शमिता शो में तेजस्वी के साथी करण कुन्द्रा के पीठ पर मसाज करत रहली त तेजस्वी उनके खींच के गिरा देहली अउरी उनके आँटी कहली. जब खूब हल्ला भइल त तेजस्वी के माफी मांगे के पड़ल. बाकिर सबके ई टिप्पणी अच्छा ना लागल. शमिता एह शो के बाद से चर्चा में आइल बाड़ी. हालांकि ई विवाद फेर से सुर्खी में बा, काहें कि शमिता शेट्टी के बहिन अउरी हिन्दी के सुपरहिट हीरोइन शिल्पा शेट्टी उनका समर्थन में आइल बाड़ी.

शमिता शिल्पा के सगी छोट बहिन हई बाकिर उ सिनेमा में सफल ना हो पवली. उनके जेतना भी पहचान बा, कमोबेश अपना बहिन के चलते ही बा. शमिता के सुपरहिट फिल्म मोहब्बतें में डैब्यू भइल, ई फिल्म काफी चलल. जेकरा चलते शमिता के कुछ फिल्मन में मौका भी मिलल. उ ‘शरारा शरारा मैं हूँ इक शरारा’ डांस नंबर से ज्यादा इयाद कइल जाली. बाद में कुछएक फिल्मन में उ सहायक भूमिका में रहली लेकिन कबो अपना बहिन लेखां बड़ रोल आ सफल हीरोइन ना बन पवली. असहीं बिहार के भागलपुर के पैदाइश हीरोइन नेहा शर्मा के बहिन के साथे भी रहल बा. नेहा शर्मा साउथ के सफल फिल्म ‘चिरूथा’ से डैब्यू कइली, ई फिल्म खूब चलल, ओकरा बाद बॉलीवुड में उनके काम खूब चलल अउरी उ आपन एगो पहचान बनवली. बाकिर उनकर बहिन हई आयशा शर्मा. उनके 2018 में जाके ‘सत्यमेव जयते’ में पहिला फिल्म मिलल. ओकरा बाद से उ कवनो फिल्म में नइखी लउकल. फिलहाल, उनके इंस्टाग्राम पर पोस्ट के देखके बुझाला कि उ अब विदेश के कवनो शहर में सेटल हो गइल बाड़ी आ उहाँ आपन गैर-फिल्मी जिनगी जी रहल बाड़ी.

निरहुआ के भाई होखला के बादो प्रवेश लाल के ना चलल सिक्का

दिनेश लाल यादव निरहुआ भोजपुरी के सफलतम सुपरस्टार हवें. अपना करियर के शुरुआती दिन में ही ब्लॉकबस्टर फिल्म ‘निरहुआ रिक्शावाला’ से घर घर में नाम बनावे वाला निरहुआ के छोट भाई प्रवेशलाल यादव भी भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में डैब्यू कइलें अउरी ओकरा बाद बीस गो से ऊपर फिलिम कइलें लेकिन अपना भाई लेखां अलग नाम ना बना पवलें. अब भी उनके फिल्म लोग एही से देखे जाला, काहें कि उ निरहुआ के भाई हवें. प्रवेश लाल एगो साक्षात्कार में बतवलें कि उ अपना भाई के साथे ही स्कूल में भी पढ़लें अउरी जब उ लोग मुंबई आके सेटल हो गइल त अभिनय के भी प्रशिक्षण भाई के साथे ही लेहलें. जी हाँ, निरहुआ सफल भइला के बाद प्रसिद्ध अभिनय गुरु बैरी जॉन के क्लास लेहलें. चलीं, ई बात संतुष्ट करे वाला बा कि उ बाकी आपन साथी स्टार लोग लेखां बिना प्रशिक्षण लिहले ही फिल्मन के गाज नइखन लगवले. प्रवेश 2009 में ‘चलनी के चालल दूल्हा’ से डैब्यू कइलें. अब उ अधिकतर फिल्म निर्माण में व्यस्त रहेलें अउरी निरहुआ एंटेरटैनमेंट के नाम से फिल्म कंपनी चलावेलें. बीच बीच में मुख्य भूमिका वाला फिल्मो करत रहेलें.

तुषार कपूर भी एही लिस्ट में आवेलें जे एगो सफल निर्माता के भाई हवें अउरी सुपरस्टार अभिनेता के बेटा, लेकिन उनके करियर में सफल फिल्मन के नाम त जरूर बा, बाकिर उनका अकेले के दम पर कवनो फिल्म चलल होखे भा उ आपन विशेष पहचान बनवले होखस, अइसन नइखे भइल. तुषार के बहिन एकता कपूर इंडस्ट्री के सफल महिला निर्मात्री हई अउरी टीवी आ फिल्म इंडस्ट्री के कई गो सुपरस्टार देहले बाड़ी. उनके पिता जितेंद्र के त सभे जानत बा. तुषार गोलमाल सीरीज में गूंगा वाला लकी के किरदार से पहचानल जालें. उनके डैब्यू फिल्म ‘मुझे कुछ कहना है’ बॉक्स ऑफिस पर चलल. उनके बढ़िया काम खातिर फिल्मफेयर अवॉर्ड भी मिलल. बाकिर तुषार अपना पिता जी आ बहिन के शानदार करियर के बराबरी ना कर पइलें अउरी लोगन के अपेक्षा पर सफल ना हो पवलें.

आमिर खान के भाई फैसल खान के लोग नाम से भले ना जानत होखे बाकिर टीवी पर सुपरहिट भइल फिल्म मेला में आमिर खान के किरदार किशन के दोस्त शंकर के किरदार में सभे के इयाद होई. फैसल खान के उहे एगो फिल्म बा जवन सबके जेहन में बा, बाकिर उ कब गुमनामी में चल गइलें, केहू खोज खबर ना लिहल. अइसहीं सलमान खान के भाई सोहेल खान के साथ भी भइल. उनके दोसर भाई अरबाज़ एक बार के टीवी में भा छोट मोट किरदार में लउकत रहलें, सलमान के फिल्म दबंग में उनके भाई के किरदार भी कइलें. लेकिन, सोहेल शुरू में कुछ सफल फिल्मन में काम कइलें बाकिर अकेले के दम पर फिल्म सफल करावे के जोर ना देखा पवलें. उ आजकल अपना भाई के फिल्मन में अतिथि भूमिका भा सहायक भूमिका निभावेलें.

लिस्ट लमहर बा, सफल स्टार के असफल भाई-बहिन के. इ ओइसहीं बा, जइसे कवनो बेवसाई के सगरो बेटा गल्ला पर ना बइठ पावेले सन, कुछ उ काम छोड़ देलsसन, असफल भइला के चलते भा मन ना लागला के चलते.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

Tags: Bhojpuri, Bhojpuri Articles, Pravesh lal yadav, Shamita Shetty

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here