Home भोजपुरी Bhojpuri: रूस-यूक्रेन युद्ध के अंदेशा बा, त आज अइसने युद्धकाल के कुछ फिल्मन के चर्चा

Bhojpuri: रूस-यूक्रेन युद्ध के अंदेशा बा, त आज अइसने युद्धकाल के कुछ फिल्मन के चर्चा

0
Bhojpuri: रूस-यूक्रेन युद्ध के अंदेशा बा, त आज अइसने युद्धकाल के कुछ फिल्मन के चर्चा

[ad_1]

ई सब कुछ बड़ा वीभत्स चल रहल बा. अइसन युद्ध काल के देख के कई गो समर विशेषज्ञ ई भी अंदेशा लगा रहल बाड़ें कि कहीं मजबूरी में विश्व युद्ध के शुरुआत ना हो जाव. जदि अइसन भइल त बुझीं धरती पर प्रलय आ जाई, जवना के भविष्यवाणी लोग ग्लोबल वार्मिंग के चलते कर रहल बा, उ युद्ध से ही आ जाई. आज से 80 साल पहिले दोसर परिस्थिति रहे, द्वितीय विश्वयुद्ध के बेरा, अब प्रलय के सामान सगरो देश के लगे भर भर के बा. माने कि हमनी के बारूद के ढेर पर बइठल बानी जा. जदी कवनो देस लइकाई कर के लूती से खेलल चालू कइलस त विस्फोटन के एगो वीभत्स शृंखला चालू हो जाई.

देखीं, हमरा ई लेख के मतलब बिल्कुल डेरवावल नइखे बाकिर युद्ध आ हिंसा कबो अमन चैन ना लेआवेला. ना दोस्त के घर में, ना दुश्मन के घर में. विश्व भर में लड़ल गइल युद्ध के ऊपर कई गो उत्कृष्ट फिल्म बनल बाड़ी सन. जदी रउआ उ फिल्मन के देख लीं त बुझाई कि इंसान शक्ति पावे खातिर केतना आन्हर होला कि उ मानवे जाति के खून बहावे में हिचक ना करेला. युद्ध के पहिले से लेके युद्ध के बेरा आ ओकरा बाद के भीषण त्रासदी के जवन चित्रण ई फिल्मन में भइल बा, लोग के जरूर देखे के चाहीं. हालांकि ई देखल बड़ा दर्दनाक होला, बाकिर ई सोचीं कि अइसन सच में झेलल केतना ज्यादा मर्मांतक होत होई. युद्ध काल के ऊपर बनल फिल्मन के लिस्ट में कुछ बेहतरीन फिल्मन के देखीं.

पहिला नाम बा ‘रैन’. ई जापानी फिल्म ह अउरी उहाँ के सबसे महंगा फिल्म भी मानल जाला. 1985 में रिलीज भइल ई फिल्म महान फिल्म निर्देशक अकिरा कुरोसावा के बेहतरीन फिल्मन में से एगो बा. एकरा के कई गो पोर्टल सबसे बेहतरीन वार फिल्म मानेले. ई फिल्म के बनावे में अकिरा के सगरो कुछ दांव पर लाग गइल. एह फिल्म के कहानी रहे एगो योद्धा मोरी मोन्टारी के. मोरी आपन राज के तीन हिस्सा करके आपन तीनू बेटन में बाँटे के चाहत बा. बाकिर तीसरा बेटा ई सब के पक्षधर नइखे. ओकर दू गो बेटा जबकि जमीन अउरी सत्ता खातिर पूरा राज्य के आग में झोंक देत बाड़ें. सगरो इंसान आ जानवर के युद्ध में झोंक के, जब अंत में वीरान अउरी ढहल राज्य लउकत बा, चारु ओर लोगन के खून के तालाब लउकत बा त ओ युद्ध के पक्षधरन के बुझात बा कि ई लड़ाई केकरा खातिर भइल अउरी का मिलल आखिर एकरा से. ई फिल्म रउआ अमेजन प्राइम पर देख सकिलें.

हॉलीवुड के फिल्म ‘1917’ अपना कथानक अउरी प्रोडक्शन डिजाइन (कहे के माने फिल्म के सेट, गेटअप, माहौल) एतना कलात्मक अउरी बेहतरीन रहे कि ई एगो उत्कृष्ट युद्ध फिल्म मानल जाला. ई फिल्म में दू गो अभागा सिपाहियन के कहानी बा. प्रथम विश्व युद्ध के जर्मन सेना के आगे लड़े वाला योद्धा कुल के बारे में एगो गुप्त सूचना मिलत बा. इहे दुनू सिपाही ओ आपन कम से कम 1600 साथियन के बचावे खातिर पल पल मौत से सामना करत जा तारें. ई फिल्म देखला पर बुझाई कि युद्ध काल में कइसे हर पल मौत अउरी त्रासदी मुंह खोल के खड़ा रहेले. एकर निर्देशक सैम मेन्डेस बाड़ें. एकरो के रउआ अमेजन प्राइम पर देख सकीलें.

‘सेविंग प्राइवेट रयान’ 1998 के फिल्म ह, महान निर्देशक स्टीवन स्पीलबर्ग के बनावल. ई फिल्म में कई गो अलग कथानक एक साथे मिला के सेना के जवानन के संघर्ष अउरी बलिदान के कहानी बतावल गइल बा. ई फिल्म के चर्चा अक्सर विश्व भर में बनल महान युद्ध फिल्म के रूप में कइल जाला. जब कप्तान मिलर अपना साथियन के साथे जर्मन फोर्स से सामना करे जात बाड़ें, ओही के इर्द गिर्द ई फिल्म बनल बा. ई फिल्म रउआ अमेजन पर देख सकीलें.

कुछ भारतीय बेहतरीन फिल्म जवन युद्ध के इर्द गिर्द बनल बा-

एह में सबसे पहिला नाम त जे पी दत्ता के बॉर्डर बा. ई फिल्म हमरा बुझाता रउआ सभे देखले होखब. ई भारत अउरी पाकिस्तान के बीच भइल 1971 के युद्ध काल पर आधारित बा. लॉंगेवाला में लड़ल गइल विशाल लड़ाई के ऊपर ई फिल्म आधारित बा. एह युद्ध में भारत जीतल रहे अउरी बांग्लादेश के मुक्त करवले रहे. ई फिल्म में सनी देओल, सुनील शेट्टी, अक्षय खन्ना आ जैकी श्रॉफ के मुख्य भूमिका रहे. ई फिल्म रउआ युद्ध के समय होखे वाला त्रासदी के देख सकीलें. ई फिल्म अमेजन प्राइम पर उपलब्ध बा.

पिछला साल आइल शेरशाह भी युद्ध के त्रासदी के ऊपर बनल एगो सुंदर फिल्म बा. ई फिल्म परमवीर चक्र विजेता कैपटेन विक्रम बत्रा के महान बलिदान के ऊपर बनल बा. जब 1999 के कारगिल युद्ध भइल रहे त कप्तान साहब देश खातिर आपन महान कर्तव्य निभवलें अउरी दुश्मन सेना के खदेड़ देहलें. एह में उ शहीद हो गइल रहलें. रउआ ई फिल्म ओ योद्धा के महान बलिदान अउरी युद्ध के बेरा होखे वाला भीषण त्रासदी के समझे खातिर देख सकीलें.

लिस्ट में बहुत फिल्म बा जवन युद्ध के परिणाम चीख चीख के बतावेला. हर जगह अमन चैन होखे हम त इहे कामना करब, अपना एह शेर के साथे कि –

” अमन वतन के बनल रहे बस,
हवा में थिरकन बनल रहे बस /
इहे बा ख़्वाहिश वतन के धरती,
वतन के कन-कन बनल रहे बस “

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

टैग: भोजपुरी में लेख, भोजपुरी, भोजपुरी समाचार, रूस

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here