Home भोजपुरी Bhojpuri: मधुबाला, शिल्पा, रवीना से लेके करीना जइसन सफल हीरोइन काहे कइली तलाकशुदा आदमी से बियाह

Bhojpuri: मधुबाला, शिल्पा, रवीना से लेके करीना जइसन सफल हीरोइन काहे कइली तलाकशुदा आदमी से बियाह

0
Bhojpuri: मधुबाला, शिल्पा, रवीना से लेके करीना जइसन सफल हीरोइन काहे कइली तलाकशुदा आदमी से बियाह

[ad_1]

अपना इहाँ के समाज एकरा के स्वीकार ना करेला. बाकिर फिल्म इंडस्ट्री जवन समय से बहुत आगे चलेला, उहाँ ई बरिसन से होत आवत बा, माने तब से जब से फिल्मन के बनल शुरू भइल आ फिल्म परिवार के बसावट शुरू भइल. ई फन भी बाहर से आइल अउरी एकरा साथे एकर कल्चर भी बाहरे से आइल. आज फिल्मी सुग्गा ले आइल बा अइसने कुछ सुपरहिट हीरोइन के कहानी जे आपन सुंदर रूप, सफल करियर अउरी फैन फॉलोइंग के बावजूद एगो तलाकशुदा पुरुष से शादी कइली.

देखीं, मोहब्बत कब केकरा से अउरी कवना परिस्थिति में हो जाई, केहू के नइखे पता. कई बार मोहब्बत रूहानी होला, कई बार शारीरिक आकर्षण होला अउरी सबसे ज्यादा सुरक्षित भविष्य के कामना के चलते अइसन रिश्ता जुडेला. रउआ ई एगो ट्रेंड देखले होखब कि अक्सर खूबसूरत हीरोइन जेकर करियर खूब उठान पर रहल होखो, उ करियर के ढलान पर जाए से पहिलही कवनो बिजनेसमैन, आर्थिक रूप से स्थापित व्यक्ति के साथ हो जाली. फिल्म इंडस्ट्री में उनकर प्रेम संबंध भले शीर्ष के स्टार अभिनेता रहल होखे लेकिन उ बियाह कवनो सुपरस्टार से जल्दी ना करेली. हालांकि अपवाद हर जगह बा. लेकिन प्रतिशतता इहे बा कि हीरोइन ओही साथी के चुनल पसंद करेली जेकरा साथे उनकर भविष्य सुरक्षित होखे.

फिल्म इंडस्ट्री के पुरुष कलाकारन पर अक्सरहा प्रेम संबंध में खरा ना उतरे के इल्जाम लागत आइल बा, इहो कारण बा कि हीरोइन अइसन संबंध के दूर तक निभा ले जाए में असहज महसूस करेली. चलीं फिल्म इंडस्ट्री के पुरनका जमाना के कुछ हीरोइन लोग के कहानी से शुरुआत कइला जाव.

मधुबाला

मधुबाला के दुनिया के सभे हिंदी सिनेमाप्रेमी जरूर जानत होई. भले उ आज से 50 साल पहिले के सिनेमा उद्योग में सक्रिय रहली लेकिन अभियो उनके फिल्मन में अभिनय अउरी अदा के लोग इयाद करेला. मधुबाला के जीवन बड़ा दुखमय रहल, बेलकुल एगो दुखांत नाटक लेखां. उ दिलीप कुमार से बेलाग प्यार कइली, दुनू जाना के रिश्ता 7 साल ले चलल अउरी बहुते नजदीकी भी रहे. बाकिर अइसन समय पलटा लेहलस कि दुनू जाना में ताका ताकी छूट गइल अउरी मधुबाला बिल्कुल टूट गइली, उ बीमार रहे लगली. फेर उनके डूबत नाइ के पतवार बनले किशोर कुमार. किशोर कुमार के बियाह पहिले हो चुकल रहे. उ आपन पुरान शादी तूर के मधुबाला से बिआह कइलें अउरी बहुत मेहनत कइलें मधुबाला आ एह रिश्ता के तदरुस्त करे में. बाकिर कुछ साल बाद ई रिश्ता अपना खराब दौर में आइल अउरी मधुबाला के कम उम्र में मृत्यु से खत्म भइल.

श्रीदेवी

श्रीदेवी त सभके पसंदीदा हीरोइन रहि चुकल बाड़ी. उ कथित तौर पर मिथुन चक्रवर्ती के साथे प्रेम संबंध में रहली अउरी बियाह भी कइली. ई शादी के रिश्ता 1985 से 1988 ले चलल, फेर टूट गइल, अइसन कुछ रिपोर्ट के दावा बा. बाकिर श्रीदेवी के बारे में आधिकारिक जानकारी इहे बा कि उ पहिले से शादीशुदा निर्माता बोनी कपूर के प्रेम में पड़ली अउरी बोनी अपना पहिला पत्नी के तलाक देहलें आ श्रीदेवी से बियाह कइले. श्रीदेवी के 2018 में मृत्यु के साथे ई रिश्ता समाप्त भइल. उनसे दू गो बेटी हीरोइन जान्हवी कपूर अउरी खुशी कपूर बाड़ी.

रवीना टंडन

रवीना टंडन के अक्षय कुमार के साथे बियाह होखे वाला रहे. 90 के दशक के पूर्वार्ध में दुनू जाना के जोड़ी बड़ा हिट रहे. दुनू जाना 1996 में बियाह भी करे वाला रहे लोग, डेट के भी घोषणा हो गइल रहे. रवीना फिल्मन के ना कहल चालू कर देले रहली. बाकिर बाद में ना जाने का भइल ई रिश्ता ना भइल. ओकरा बाद रवीना बहुत बुरा मानसिक दौर से गुजरली. बाद में फिल्म वितरक अनिल थडानी से बिआह कर लेली.

करिश्मा कपूर

90 के दशक के ही हिट हीरोइन करिश्मा कपूर के भी प्रेम संबंध कई गो हिट हीरो से जुड़ल बाकिर कवनो मुकाम तक ना पहुंचल. जब उनके करियर गोता खाए लागल रहे तब उ बिजनेसमैन अउरी तलाकशुदा संजय कपूर से बिआह कर लेहली. उनके दू गो संतान भी भइल. हालांकि उ 2017 में संजय कपूर से भी तलाक ले लेहली अउरी अब अपना बच्चन के साथे अकेले रहेली.

करीना कपूर

करिश्मा कपूर के छोट बहिन करीना कपूर के करियर तब उठल चालू भइल रहे जब उनके बहिन के करियर डूबे लागल. उ आपन करियर में कुछ को स्टार लोग के साथे प्रेम संबंध में रहली. बाकिर उनके शाहिद कपूर के साथे रिलेशनशिप काफी चर्चा में रहल. हालांकि ‘मिलेंगे मिलेंगे’ दुनू जाना के साथ में आखिरी फिल्म रहे. ओकरा बाद ई लोग फेर साथ ना लउकल लोग. करीना पहिले से तलाकशुदा अउरी दू गो बच्चन के बाप अभिनेता सैफ अली खान के डेट करे लगली. दुनू जाना 2012 में बियाह कइल लोग अउरी अब दू गो बेटा के माई बाप बा लोग.

विद्या बालन

अपना मजबूत किरदारन खातिर जानल जाए वाली अभिनेत्री विद्या बालन भी फिल्म निर्माता अउरी यूटीवी मोशन पिक्चर्स के मालिक सिद्धार्थ रॉय कपूर से बियाह कइली. उनके पहिले से दू गो बियाह हो चुकल रहे. विद्या बालन उनके तीसरी पत्नी हई. दुनू जाना के रिश्ता बढ़िया से निभ रहल बा.

शिल्पा शेट्टी

90 के दशक के हिट हीरोइन शिल्पा शेट्टी के भी नाम कई गो अभिनेता से जुड़ल, जे में अक्षय कुमार के नाम सबसे पहिले आवेला. बाकिर उ करियर के ढलान पर जा के बिआह कइली बिजनेस मैन राज कुन्द्रा से. राज पहिले से तलाकशुदा रहलें. हालांकि कुछ दिन पहिले राज कुन्द्रा के नाम अश्लील फिल्म निर्माण में खूब उछलल अउरी छीछालेदर भी भइल बाकिर शिल्पा एह पर खुल के कबो कुछ ना कहली.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

टैग: भोजपुरी में लेख, भोजपुरी, भोजपुरी समाचार, शिल्पा शेट्टी

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here