Home भोजपुरी Bhojpuri: बंगाल के एगो अभिनेत्री पाकेटमारी के आरोप में गिरफ्तार

Bhojpuri: बंगाल के एगो अभिनेत्री पाकेटमारी के आरोप में गिरफ्तार

0
Bhojpuri: बंगाल के एगो अभिनेत्री पाकेटमारी के आरोप में गिरफ्तार

[ad_1]

पहिले घटना जानीं- पुस्तक मेला में विधाननगर (नार्थ) थाना के पुलिस तैनात रहुए. एही थाना के एगो पुलिस सब इंस्पेक्टर के बयान बा कि ऊ एगो मेहरारू के डस्टबिन में मर्दाना के पर्स फेंकत देखुए त तुरंत ओकरा लगे जा के पूछताछ करुए. ओकरा बातचीत से शंका भउवे. ऊ एह मेहरारू के पर्स मांग के चेक करुए त ओकरा में बहुते मर्दाना पर्स मिलुअन स आ नकद 75 हजार रुपया मिलुए. आरोप बा कि पुलिस चौंकि गउवे. सब इंस्पेक्टर पुछुए कि अतना मर्दाना पर्स केकर ह. त ऊ अचकचा गउवी. पुलिस उनका के गिरफ्तार कके थाना ले अउवे आ अगिला दिने कोर्ट में पेश करुए. कोर्ट उनुका के जेल में भेज दिहुए. हो सकेला कुछ दिन में जमानत मिल जाउ. पुलिस कहतिया कि ई अभिनेत्री खुदे मान लेले बाड़ी कि ए घरी उनुका रुपया- पइसा के अभाव रहल ह, एही से पाकेटमारी के मजबूरी रहल ह. ओने अभिनेत्री के वकील कहता कि अभिनेत्री पाकेटमारी कइलहीं नइखी. जदि अतना लोगन के पाकेट मारा गइल बा त केहू काहें नइखे पुलिस में रिपोर्ट लिखवले? पुस्तक मेला घूमे वाला कई लोग कहल कि पाकेटमारी के रिपोर्ट लिखवला पर शायदे केहू के पर्स मिलेला. ऊपर से बार- बार थाना जाए के परेला. त लोग सोचेला कि छोड़ अब रिपोर्ट का लिखावे के बा, ईहे भाग्य में रहल ह.

बाकिर टीवी पर लउकता कि ई अभिनेत्री थाना में एगो पुलिस सब इंस्पेक्टर महिला का लगे बइठल बाड़ी. पुलिस सब इंस्पेक्टर अभिनेत्री के बैग में देखावतिया कि ओमें कई गो मर्दाना पर्स भरल बा. एक- एक कके ऊ कुल पर्स बहरा निकालतिया. अभिनेत्री मुंह पर कोरोना निरोधक मास्क लगवले बाड़ी आ पुलिस इंस्पेक्टर उनकर मास्क उतरवा देतिया ताकि कैमरा आ टीवी वाला उनुकर चेहरा के फोटो ले सक सन. अभिनेत्री कहतारी कि हम आपन खाली पानी के बोतल डस्टबिन में फेंके गउवीं त देखुवीं कि ओमें एगो मर्दाना पर्स फेंकल बा त हम ओकरा के उठा के देखे लगुईं. एही बीच पुलिस हमरा के ध लिहुए. पुलिस कहतिया कि कौनो पढ़ल- लिखल मेहरारू डस्टबिन से काहें एगो अनजान फेंकल पर्स उठाई. ऊ त आपन बोतल फेंकी आ फेर पुस्तक मेला घूमी. ई आपन पाकेटमारी कइल पर्स फेंकले बाड़ी आ रंगे हाथ धरा गइला पर बहाना बनावतारी.

ई अभिनेत्री एक हाली अउरी कंट्रोवर्सी में आ चुकल बाड़ी जब ई फिल्मकार अनुराग कश्यप पर यौन उत्पीड़न के आरोप लगवले रहली. ई दौर “मी टू” (“हमहूं”) वाला रहे. पुलिस कहतिया कि ई अभिनेत्री भीड़- भाड़ वाला इलाका में गइल पसंद करेली आ हो सकेला कि पहिलहूं एह तरह के घटना के अंजाम दे चुकल होखसु. पुलिस ईहो कहतिया कि उनका लगे एगो डायरी बा जौना में ऊ पाकेटमारी कइल रुपया के हिसाब- किताब लिखले बाड़ी. ई अभिनेत्री खुद के लेखिका, निर्देशक आ सोशल एक्टीविस्ट बतावेली. 12 तारीख से लेके उनुका जेल जाए तक कोलकाता के कुल अखबार आ टीवी चैनल उनकरे पर फोकस कइले रहुअन स. अभियो अखबार- टीवी के ध्यान ओनिए बा. पुलिस के अनुमान बा कि कौनो बड़ कार्यक्रम, मेला भा सार्वजनिक भीड़- भाड़ में एह अभिनेत्री के गइल अब अउरी शंका पैदा करी. ओने कई गो बड़ नेता लोगन का संगे अभिनेत्री के फोटो छपल बा. हालांकि केहू नेता का जानता कि फलाना महिला कौना प्रवृत्ति के बिया. ऊ त कार्यक्रम से जुड़ल जे आइल ओकरा संगे फोटो खिंचवा ली.

सन 2020 में एगो अभिनेत्री होटल में गलत काम करत पकड़ल गइल रहे तबो बड़ा हल्ला भइल रहे. अभिनेत्री कहली कि हम गलत रास्ता पर चलि गइल रहनीं हं काहें से कि हमरा लगे रुपया ना रहल ह. खर्चा ज्यादा बा आ आमदनी एकदमे नइखे त मजबूरन गलत काम करे लागल रहनीं हं. कोलकाता के ही ना बालीवुड के कुछ कम चर्चित अभिनेत्री भी गलत काम करत पकड़ाइल बा लोग. सबकर कहनाम ईहे बा कि रुपया- पइसा के अभाव रहल ह, मजबूरी में ई काम करेके परल ह. आर्थिक परेशानी त समझल जा सकेला बाकिर कौनो प्रोफेशनल अभिनेत्री अइसनो कुल काम क सकेली ई सुनि के आश्चर्य होइए जाला. एमें से कुछ अभिनेत्रिन पर सेक्स रैकेट भा ड्रग रैकेट के आरोप लागि चुकल बा. अभी ढेर दिन ना भइल बालीवुड के एगो नामी एंग्लो इंडियन अभिनेत्री पर 200 करोड़ के उगाही के आरोप लागल रहल ह. प्रवर्तन निदेशालय ओकर जांच कर रहल बा. त पइसा के चाहत सबकरा रहेला बाकिर सब ई कुल नाजायज काम ना क सकेला. बहुत लोग त बदनामी का डर से भा जेल जाए के डर से अइसन कुल काम से दूर भागि जाला. अनैतिक काम करे खातिर हिम्मत चाहीं. लोक लाज के जे परवाह ना करी, ऊहे एकर चैंपियन हो सकेला. बाकिर एगो अउरी स्थिति बा, दू तरह के लोग होले- कुछ लोगन के अभाव जब चरम स्थिति में पहुंचि जाला त ओकरा खातिर नैतिक- अनैतिक काम के भेद मिट जाला. ऊ अपराध करे शुरू क देले. बाकिर दोसरका श्रेणी के आदमी अभाव में भी गलत काम ना क सकेला. ऊ भले मरि जाई, कष्ट झेली बाकिर गलत काम ना क सकेला. अब एह अभिनेत्री के विश्लेषण मनश्चिकित्सक आ मनोविश्लेषक कर रहल बा लोग. त आम आदमी भी अपना तरीका से विश्लेषण करता.

(विनय बिहारी सिंह वरिष्ठ पत्रकार हैं, आलेख में लिखे विचार उनके निजी हैं.)

टैग: भोजपुरी में लेख, भोजपुरी, भोजपुरी समाचार

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here