Home भोजपुरी Bhojpuri: आम्रपाली पहिले रहली टीवी के बहुरिया, बाद में भइली अपना अदा से दर्शकन के फिदा करे वाली हीरोइन

Bhojpuri: आम्रपाली पहिले रहली टीवी के बहुरिया, बाद में भइली अपना अदा से दर्शकन के फिदा करे वाली हीरोइन

0
Bhojpuri: आम्रपाली पहिले रहली टीवी के बहुरिया, बाद में भइली अपना अदा से दर्शकन के फिदा करे वाली हीरोइन

[ad_1]

भोजपुरी के जवां दिल के धड़कन आम्रपाली दुबे आज आपन जन्मदिन मना रहल बाड़ी. ओइसे स्त्री आपन उम्र बतावे से बहुत संकुचाला लो, ऊपर से हीरोइन होखस तब त उ बिलकुले ना बतइहें. बाकिर का करब अब इंटरनेट के जमाना बा अउरी सभके जानकारी एक क्लिक में मिल जाला. त, आम्रपाली आपन पैंतीसवा जनमदिन मना रहल बाड़ी. जी हाँ, तीस पाँच पैंतीस साल के हो गइली आम्रपाली. बाकिर लागेला ना नू. बुझाला अभिए बीस पार कर के एकइस में गोड़ रखले बाड़ी. खैर, आज उनके कुछ बेहतरीन फिल्मन पर बात कइल जाई अउरी उनके संघर्ष कथा जानल जाई.

आम्रपाली दुबे टीवी में चर्चित हो गइल रहली बाकिर उनके पहचान मिलल भोजपुरी फिल्मन से. गोरखपुर के रहे वाली आम्रपाली भोजपुरी भाषी हई जवन उनका खातिर प्लस पॉइंट रहल. जब उ निरहुआ के फिल्म में रोल करे खातिर चुनल गइली तब लगभग 300 लइकियन के लिस्ट में से आम्रपाली के ढुँढल गइल. हालांकि उ चुनाव सही साबित भइल आ आम्रपाली 2014 में भोजपुरी फिल्म निरहुआ हिन्दुस्तानी से डैब्यू कइली आ ओकरा बाद फेर पलट के पीछे कबो ना देखली. आम्रपाली के अदाकारी अउरी खूबसूरती के जादू भोजपुरिया दर्शकन पर आवते चढ़ गइल जवन उनका के भोजपुरी में सर्वाधिक लोकप्रिय हीरोइन के दर्जा देहलस. हालांकि एकर एगो कारण ई भी बा कि आम्रपाली सिनेमा में आवते निरहुआ के साथे हिट जोड़ी बन गइली आ उनके हीरोइन के रूप में पहिला पसंद भी.

आम्रपाली के जन्म 11 जनवरी, 1987 के उत्तरप्रदेश के गोरखपुर में भइल. उ मुंबई अपना दादा जी के साथे अइली आ इहाँ उनके आगे के पढ़ाई लिखाई भइल. आम्रपाली जब 18 साल के रहली त उनके जी टीवी के शो मिल गइल. ओ शो के नाम रहे ‘सात फेरे – सलोनी का सफर’. एह शो में आम्रपाली मुख्य हीरोइन के बेटी के रोल में रहली. ई शो काफी चलल आ आम्रपाली के भी बड़ा पहचान मिलल. फेर आम्रपाली के चरित्र भूमिका मिलल जी टीवी के ही शो मायका में. ई शो भी चर्चित रहल. बाकिर आम्रपाली के टीवी पर मुख्य किरदार मिलल ई दुनू शो खतम भइला के बाद. साल 2009 में रश्मि शर्मा टेलीफ़िल्म्स लेके आइल शो ‘रहना है तेरे पलकों की छाँव में’. एह शो में आम्रपाली सुमन नाम के अनाथ लइकी के मुख्य भूमिका में लउकली. उनका ऑपोजिट शोएब इब्राहीम आ सुमित व्यास के रोल रहे. ई शो साल भर चलल. बाकिर अब आम्रपाली के मधुर मुस्कान आ भोला भाला चेहरा लोग के नजर में चढ़ गइल रहे. ई शो एनडीटीवी इमैजिन पर आवे, अब ई चैनल भी बंद हो चुकल बा.

साल 2010 में कम टीआरपी के चलते बंद कर दिहल गइल. फेर आम्रपाली के अगिला शो मिलल ‘मेरा नाम करेगी रोशन’. ई शो जुलाई 2010 में आइल आ दिसंबर 2010 में बंद हो गइल. एकरो वजह रहल खराब टीआरपी. एह तरे आम्रपाली के दू साल के बीच लगातार दू गो शो बंद हो गइल. फेर सहारा वन पर प्रसिद्ध फिल्म डायरेक्टर आ हॉरर फिल्मन खातिर जानल जाए वाला विक्रम भट्ट के शो ‘हान्टेड नाइट्स’ में उ लउकली. एह शो में अउर भी कईगो बड़ अभिनेता आ अभिनेत्री लउकल रहलें. ई शो अलग अलग भूतिया कहानियन पर आधारित रहे.

साल 2010 के बाद आम्रपाली के लगे कवनो काम ना आइल. उ मार्केट से बाहर हो गइल रहली आ उनका लगे कवनो काम ना रहे. आवते इंडस्ट्री में सफलता के स्वाद चीखे वाली आम्रपाली अब बेकाम रहली आ हे स्टूडियो से हो स्टूडियो काम के तलाश में घूमत रहली. जाहिर बा कि मध्यमवर्गीय परिवार से होखला के चलते उनका पर जल्दी बियाह करे के भी दबाव आ रहल होई. तब उनके उम्र भी 25 -26 होत रहे. चार साल तक बेकार रहला के बाद उनके जीवन में बहार आइल भोजपुरी फिल्म के रूप में. जब उ निरहुआ के फिल्म में सेकंड लीड हीरोइन खातिर ऑडिशन देहली. एह रोल खातिर सैकड़ों लइकियन के टेस्ट भइल रहे. आम्रपाली आपन चुलबुला पन से निर्देशक आ निरहुआ के प्रभावित कर लेहली आ एगो तेज तर्रार शहरी लइकी सोना के किरदार खातिर चुना गइली. 2014 में फिल्म आइल ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ आ सफलता के खूब झण्डा गड़लस. एतना कि निरहुआ हिन्दुस्तानी नाम से फिल्म फ्रेंचाइजी बन गइल जेकर तीन गो फिल्म आइल अउरी तीनो सिनेमाघर आ डिजिटल दुनू जगह खूब दर्शक बटोरलस.

आम्रपाली अउरी निरहुआ के जोड़ी सेट हो गइल. अब दर्शक दुनू जाना के साथे ही देखे के चाहेलें. निरहुआ एकरा खातिर पहिले से ही चर्चित बाड़ें. उनके सबसे पहिला सफल फिल्म निरहुआ रिक्शावाला के हीरोइन पाखी हेगड़े के साथे जवन जोड़ी जमल उ आम्रपाली के अइला के बादे टूटल. आ अब आम्रपाली के निरहुआ के साथे जवन जोड़ी जमल बा, उ 8 साल से लगातार चलत आ रहल बा. अगर रउआ आम्रपाली के फिल्मोग्राफी देखब त निरहुआ के साथही उनके सबसे ढेर फिल्म होई. शायद एक दूईए गो केहु और हीरो के साथ होई. बाकिर उ अतिथि भूमिका भा आइटम नंबर के रूप में. अब जाके दोसर हीरो के साथे भी करे लागल बाड़ी.

आम्रपाली के कुछ चर्चित फिल्मन के नाम बा – पटना से पाकिस्तान, राजा बाबू, बम बम बोल रहा है काशी, निरहुआ चलल ससुराल 2, मोकामा 0 किमी, निरहुआ हिन्दुस्तानी 1, 2 आ 3, काशी अमरनाथ आदि. उनके जन्मदिन पर हार्दिक शुभकामना!

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं. )

टैग: आम्रपाली दुबे, भोजपुरी अभिनेत्रियाँ

.

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here