Home भोजपुरी मातृभाषा दिवस पर जानीं मातृभाषा भोजपुरी के हालिया रिलीज फिल्मन से भोजपुरी सिनेमा के वर्तमान दशा-दिशा

मातृभाषा दिवस पर जानीं मातृभाषा भोजपुरी के हालिया रिलीज फिल्मन से भोजपुरी सिनेमा के वर्तमान दशा-दिशा

0
मातृभाषा दिवस पर जानीं मातृभाषा भोजपुरी के हालिया रिलीज फिल्मन से भोजपुरी सिनेमा के वर्तमान दशा-दिशा

[ad_1]

ई महिना में गंगूबाई कठियावाड़ी से लेके अगिला महिना आर.आर.आर., द कश्मीर फाइल्स, बच्चन पांडे आदि सब सिनेमाघर में आवे वाला बा. फिल्मी सुग्गा आज रउआ के हाल में रिलीज कुछ भोजपुरी फिल्मन के घरे बइठल टीवी आ मोबाइल में देखे के जोगाड़ बताई, उहो फ्री में.

मुकद्दर का सिकंदर

दिनेश लाल यादव निरहुआ के ई फिल्म के ट्रेलर कोरोना टाइम में रिलीज भइल. ई फिल्म भी पहिला लहर के बादे 2020 में ही रिलीज भइल. फिल्म ठीक ठीक चलल. फिल्म के कहानी बिहार में चंपारण के 1991 के दौर में घटल कुछ घटना पर आधारित रहे. उहाँ के कवनो दबंग विधायक सरेआम लोहू के होली खेले. एगो नवजवान जेकर नाम दिवाकर दुबे रहे उ ओ जगह के रॉबिनहुड कहाव. माने अत्याचारी अउर दबंग लोग के सफाया करे अउरी गरीब आ लाचार लोग के मदद करे. हालांकि उ कानून हाथ में लेव एही से ओकरा के मारे खातिर स्पेशल ऑफिसर के बोलावल गइल. दिवाकर दुबे इंजीनियरिंग के स्टूडेंट रहे बाकिर शहर में फइलल अनाचार देख के युवा खून खउल गइल. जब राजनीति, प्रशासन अउरी एगो गरम खून युवा के टकराहट भइल त का बवाला मचल, उहे एह फिल्म में देखावल गइल बा. खून खराबा के प्रदर्शन ढेर बा, एही से ई फिल्म अकेले भा वयस्क लोग के ही देखे वाला बा. हालांकि भोजपुरी में कई साल से अइसन फिल्म बनते कहाँ बा कि सगरो परिवार साथे बइठ के देख सको. हाँ बाकिर कोइला में हीरा भी लुकाइल रहेला, ओइसने कुछ फिल्म भी बाड़ी सन, ओहपर चर्चा बाद में. रउआ ई फिल्म एंटर10 रंगीला के यूट्यूब चैनल पर फ्री में देख सकीलें.

नायक

प्रदीप पांडे चिंटू के एगो फिलिम 2019 में रिलीज भइल रहे, नाम रहे ‘नायक’. ई फिल्म के कहानी बहुत विशेष ना रहे बाकिर चिंटू जवना खातिर अपना दर्शक लोग के बीच जानल जालें, उ स्टाइल जरूर भर भर के रहे. खूब सारा स्लो मोशन शॉट, हिन्दी में शेरो शायरी अउरी खूब ढेर एक्शन सीक्वेंस साउथ के फिल्मन के माफिक…ई सब देखे के मिली नायक में. ई फिल्म रउआ एंटर10 रंगीला के यूट्यूब चैनल पर देख सकीलें.

फर्ज

रितेश पांडे के एगो फिल्म 2021 के जनवरी में रिलीज भइल. ई फिल्म के कहानी रहे कृष्णा अउरी कृष्णदेव के. दुनू रोल में रितेश पांडे ही बाड़ें. एगो में करिया करिया केस बा अउरी दुसरका रोल कृष्णदेव वाला में सफेद रंग से ओहि केस दाढ़ी के चुनवट दिहल बा. खैर भोजपुरी फिल्मन में बाकी डिटेल पर लिखे अउरी ध्यान देबे के औचित्ये ना बुझाला. जब कहानिए में एतना लूपहोल होला. जब उ 90 आ अस्सी के दशक के कॉपी लागेला त फेर आदमी बूझ जाला कि जब कहानी के ई स्तर बा त ओकर सिनेमेटोग्राफी, मेकअप, प्रोडक्शन डिजाइन, कास्टिंग आदि पर का बतिआवे. खैर, ई फिल्म रउआ देख सकीलें अगर रितेश के सुंदर गला के प्रशंसक बानी त. काहें कि उनके गावल कई गो गाना सुने के जरूर मिली. ई फिल्म रउआ एंटर10 रंगीला के यूट्यूब चैनल पर देखे के मिल जाई.

दोस्ताना

पता ना, आजकल भोजपुरिया लोग के का भइल बा कि जब देख हिन्दी में शेरो शायरी, वॉयस ओवर अउरी संवाद के खूब भरल जाsता. ई फिल्म प्रदीप पांडे अउरी अवधेश मिश्रा के मुख्य भूमिका में बनल बा. कहानी के तनी अलग रखे के कोशिश कइल गइल बा. हालांकि अइसन कहानी पर साउथ आ बॉलीवुड में भी कई गो फिल्म बनल बा जहां बाप बेटा के जिंदादिल रिश्ता देखावल जाला. खैर, लेखक अउरी निर्देशक अलग करे के कोशिश कइलें बाड़े अउरी ओकरा के सराहे के चाही. फिल्म में मानव अंग तस्करी के केंद्र रखल गइल बा, जे में हीरो के बाप फंस जाता अउरी ओकरा खोज में हीरो जवन तोड़ फोड़ मचावत बा, ई गैंग के सर्वनाश करत बा, इहे कथा बा ओकर. ई फिल्म रउआ एंटर10 रंगीला के यूट्यूब चैनल पर देख सकीलें.

प्यार किया तो निभाना

खेसारी लाल यादव पहिला लॉकडाउन खत्म भइला के बाद साल 2020 में लंदन जाके एक साथहीं कई गो फिलिम शूट कइलें. ओहि में से ई एगो फिलिम ह जवन पिछला साल रिलीज भइल रहे. एह फिल्म के कहानी रहे, एगो स्टोर में काम करे वाला युवक अउरी एगो लंदन के अमीर लइकिनी के प्रेम अउरी धोखा पर आधारित. खेसारीलाल लंदन में एगो जनरल स्टोर में काम करत बाड़ें. उ जब काजल राघवानी के किरदार के देखत बाड़ें त ओकरा से पहिले दोस्ती अउरी फेर बाद में प्यार के बात करत बाड़ें. लइकी के त प्यार हो जात बा, बाकिर लइका धोखा देत बा. फेर लइकी ओकरा के आपन प्यार के सच्चाई देखा के बदला लेत बिया, इहे फिल्म के कहानी बा. लोकेशन त बड़ा सुंदर देखावल गइल बा, बाकिर फिल्म के कहानी में नयापन नइखे. ई फिल्म रउआ टीवी चैनल ‘भोजपुरी सिनेमा’ पर 21 फरवरी के देख सकीलें. ई चैनल फ्री टू एयर अउरी प्राइवेट डिश सर्विस पर भी आवेला.

मेरा वतन

पवन सिंह भी पहिला लॉकडाउन के बाद लन्दन में जाके कई गो फिल्मन के शूटिंग पूरा कइलें अउरी उनके फिल्म फेर लगातार रिलीज होखे लगली सन. एगो उनके फ़िल्म ‘मेरा वतन’ भी आ रहल बा. एह फिल्म में पवन सिंह बहुत दिन बाद आपन मोंछ मुड़ा के पुरनका रूप में लउकल बाड़ें. ई फिल्म पिछला साल 2021 के अंत में रिलीज भइल अउरी अब रउआ एकरा के टीवी पर देख सकीलें. एकर कहानी लंदन में रहे वाला एगो बिहारी सेठ के बा जवन उहाँ फइलल बिजनेस के मालिक बा. आपन बचपन के दोस्त के बेटा से उ आपन बेटी के शादी ओकनी के नान्हे में तय कर देले बा. लइकी उ भारत के लइका से बियाह नइखे करे चाहत, जइसन कई गो हिन्दी आ साउथ फिल्मन के कथानक में देखावल जा चुकल बा. सेठ के अंतिम इच्छा के चलते दुनू के बियाह त हो जात बा बाकिर लइकी बियाह के बाद आपन रंग देखा देत बिया. फेर गाँव के लइका कइसे लंदन में ओकर दिल जीतत बा, इहे कहानी बा फिल्म के. हालांकि अइसन कथानक देख के हमरा अक्षय कुमार आ कटरीना कैफ के हिट फिल्म ‘नमस्ते लंदन’ इयाद आ गइल. ई फिल्म रउआ 25 फरवरी के टीवी चैनल जी बाईस्कोप पर देख सकीलें.

ई फिल्मन के रउआ अपना पसंद के हिसाब से देख सकीलें. ई सब हालिया रिलीज फिल्म बाड़ी सन, बाकिर कोरोना काल में रिलीज फिल्मन के फेहरिस्त लेके फिल्मी सुग्गा जलदिए लवटी, प्रणाम!

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

टैग: भोजपुरी में लेख, भोजपुरी, भोजपुरी सिनेमा, भोजपुरी समाचार

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here