Bhojpuri: सुशांत सिंह राजपूत के झोली में रहे दमदार रोल लेकिन दुनिया के कह दिहले अलविदा

Date:

[ad_1]

बिहार से बंबई में अभिनेता त कई गो अइलें आ खूब चमकलें अउरी अभियो नाम कमा रहल बाड़ें. बाकिर सुपरस्टार ओ में से दूइए गो बन पवलें. पुरनका टाइम में शॉटगन शत्रुघ्न सिन्हा अउरी नयका टाइम में सुशांत सिंह राजपूत. सुशांत कुछे साल में, कुछ फिल्म ही करके हिन्दी फिल्म जगत में बड़ मुकाम बना लेले रहलें बाकिर अब उनके समय आवत रहे, अब उनके झोली में कई गो दमदार रोल गिरत रहे, तले उ जिनगी के रेस से आपन नाम हटा लिहलें. उनके आकस्मिक मृत्यु के दुख, ना उनके परिवार, दोस्त अउरी रिश्तेदार के मन से गइल बा, ना ही उनके प्रशंसक के दिल से.

Advertisement

आज सुशांत सिंह राजपूत जीवित रहितें त आपन 36वां जन्मदिन मनावत रहितें. उनके बचपन के नाम गुलशन रहे. स्कूल में भी नाम गुलशन ही रहे. एहीसे उनके एह दुनिया के छोड़ गइला के बाद जब उनके स्कूल के दोस्तन के बयान बाहर आइल त सभे सुशांत के उ रूप के बारे में बतावे जब उ पटना के एगो सामान्य लइका गुलशन रहलें. क्रिकेट आ खेल कूद में हमेशा सक्रिय रहे वाला गुलशन पढ़े में भी खूब तेज रहलें. उनके स्कूल में पढ़ाई में प्रदर्शन भी अच्छा रहे अउरी अन्य गतिविधि में भी. उनके कुछ दोस्त बतवलें कि गुलशन के डांस में बड़ा रुचि रहे. इहे रुचि गुलशन के मुंबई तक ले आइल अउरी कई गो बड़ अवॉर्ड शो के अलावा फिल्मन में बैकग्राउंड डांसर के रूप में काम भी दिअवलस.

Advertisement

सुशांत के जन्म 21 जनवरी 1986 में पटना में भइल रहे. उनके पिता के नाम के के सिंह अउरी माता के नाम उषा सिंह रहे. उनके पिता जी अभी भी जीवित बाड़ें आ अपना बेटा के इयाद के अभियो छाती से लगवले बाड़ें. सुशांत के माता जी के मृत्यु बहुत पहिले ही हो गइल. सुशांत पाँच गो भाई बहिन में सबसे छोट रहलें अउरी अपना सगरो बड़ बहिन के दुलारा भी. उनका बचपन में सबसे छोट होखला के चलते बहुत प्यार दुलार मिलल. जेकर जिक्र अक्सर सुशांत अपना सोशल मीडिया पोस्ट में भी करस. साल 2002 में जब उनके माता जी के असमय मृत्यु हो गइल त सुशांत के परिवार पटना से दिल्ली चल गइल. दिल्ली में सुशांत आगे के पढ़ाई कइलें. उनके अंतरिक्ष विज्ञान में बहुत दिलचस्पी रहे आ उ भौतिकी विज्ञान में नेशनल ऑलम्पियाड भी जीतल रहलें. सुशांत इंजीनियरिंग के परीक्षा देहलें, जे में उनके बहुत राष्ट्रीय स्तर पर अच्छा रैंकिंग आइल रहे. हालांकि सुशांत के इंजीनियरिंग में जाए के बिल्कुल मन ना रहे. उ अंतरिक्षयात्री बने के चाहत रहलें ना त एयरफोर्स पायलट. बाकिर किस्मत उनके ले आइल हिन्दी फिल्म इंडस्ट्री में.

सुशांत सिंह, शाहरुख खान के बहुत बड़ फैन रहलें, एही के चलते उनके फिल्म इंडस्ट्री में आवे के प्रेरणा भी मिलल. जब उ दिल्ली में इंजीनियरिंग कॉलेज में रहलें त श्यामक डावर के डांस ग्रुप में शामिल हो गइलें. एकरा बाद उ बैरी जॉन के ऐक्टिंग स्कूल में दाखिला करा लिहलें. एही जा से शाहरुख खान भी अभिनय के गुर सिखले रहले. एही सब के दौरान उनके धूम 2 फिल्म में टाइटल सॉन्ग धूम अगेन में ऐश्वर्या राय के पीछे बैकग्राउंड डांसर के रूप में नाचे के मौका मिलल. फेर 2006 के कॉमनवेल्थ गेम में भी उ ऐश्वर्या राय के नृत्य प्रदर्शन में बैकग्राउंड डांसर बनलें. सुशांत के बंबई जाए के रास्ता इहवें से खुलल चालू हो गइल रहे.

फेर सुशांत मुंबई आ गइलें अउरी बैकग्राउंड डांस के अलावा छोट मोट रोल करे लगलें. उ एही बीच थियेटर से आपन प्यार बनवले रहलें. मुंबई के बड़ रंगकर्मी नादिरा जहीर बब्बर के ग्रुप ‘एकजुटे’ से उ जुड़ गइलें अउरी ढाई तीन साल तक उनका साथे भी काम कइलें. पृथ्वी थियेटर में उ एगो रोल करत रहलें तबे उनका पर एकता कपूर के प्रोडक्शन कंपनी बालाजी टेलीफिल्म्स के एगो कास्टिंग वाला के नजर पड़ल. उ सुशांत के एगो शो ‘किस देश में है मेरा दिल’ में सेकंड लीड के रोल के ऑडिशन खातिर बोलवलस. एही जा से उनके किस्मत पलटा खा गइल. सुशांत के उ रोल मिल गइल. सुशांत के किरदार जलदिए मर गइल बाकिर उनका लोकप्रियता के चलते उनके शो के अंतिम एपिसोड में आत्मा के रूप में एंट्री दिहल गइल. एकता कपूर उनके ऑनस्क्रीन जादू अउरी प्रदर्शन के चलते आपन अगिला शो ‘पवित्र रिश्ता’ में लीड रोल ऑफर कर देहली. हालांकि चैनल जी टीवी के बड़ा विरोध भइल एह बात के. बाकिर उ अड़ गइली. जेकर फायदा सबके भइल. ई शो सुपर डुपर हिट भइल आ सुशांत घर घर में जानल जाए लगलें.

Advertisement

जब पवित्र रिश्ता बंद भइल तब तक सुशांत आपन सह अभिनेत्री अंकिता लोखण्डे से प्यार करे लागल रहलें. बाकिर जब सुशांत फिल्मन में आ गइलें त दुनू जाना में दूरी हो गइल. आ कई गो रिपोर्ट अइसन कहेला कि एही जा से सुशांत के जीवन में खालीपन आवल शुरू हो गइल. जेकरा चलते उ फिल्मन में खूब सक्रिय त भइलें अउरी खूब नाम भी कमइलें. बचपन के आपन सपना जे में उ नासा जाए चाहत रहलें, जहाज उड़ावे चाहत रहलें, अंतरिक्ष भौतिकी पढ़े चाहत रहलें, उ सब पूरा कइलें. बाकिर उनके अंदर जरूर कहीं खालीपन आपन पैर पसारत गइल. ई खालीपन अब शुरू भइल रहे या तब, जब उ आपन सबसे करीब अपना माता के कम उम्र खो देहलें रहलें तब, ईश्वर जाने. बाकिर एगो चमचमात वर्तमान अउरी सुनहरा भविष्य वाला सितारा अचानक गर्दिश में खो गइल, ई बात अभिन ले उनके करीबी लोग अउरी आम फिल्म प्रशंसक मान नइखे पवले. बिहारी बाबू सुशांत सिंह राजपूत के उनके जन्मतिथि पर श्रद्धांजलि. उ जहां होइहें, शांति से होइहें अउरी अंतरिक्ष भौतिकी के दांव पेंच में उलझल होइहें, इहे कामना बा.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

Advertisement

टैग: Actor Sushant Singh Rajput, भोजपुरी समाचार, Sushant singh rajput death

[ad_2]

Source link

Advertisement

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

STAY CONNECTED

Share post:

Subscribe

Popular

More like this
Related