Home भोजपुरी Bhojpuri: बंगाल के एगो गायिका के विचित्र कथा

Bhojpuri: बंगाल के एगो गायिका के विचित्र कथा

0
Bhojpuri: बंगाल के एगो गायिका के विचित्र कथा

[ad_1]

पर्याप्त पइसा के अभाव में मंजन ना खरिदाइल. तले एगो यू ट्यूबर (यू ट्यूब पर आपन वीडियो डाले वाला) उनका घरे गइल. ओकरा ब्रश के बारे में मालूम भइल त ऊ ब्रश- मंजन दूनो कीन के रानू मंडल के दिहलस आ एकर वीडियो बनवलस. दोकानदारिन कहतारी कि जे यू ट्यूबर रानू मंडल के वीडियो बनावेला ऊ उनकरे दोकान से केक, बिस्कुट भा कुछ खाए- पीए के सामान कीन के रानू मंडल के देला. रानू मंडल के वीडियो पर यूट्यूबर के व्यू मिलेला माने लोग उनकर वीडियो रुचि लेके देखेला. त रानू मंडल इलाका के सेलिब्रिटी बनि गइल बाड़ी. भले अभाव में जीयतारी बाकिर फिल्मकार ऋषिकेश मंडल उनुका पर एगो फिल्म बनावतारे. स्क्रिप्ट तेयार बिया. फिल्म में रानू मंडल के बनी, एकर खोज हो रहल बा. अफवाह बा कि कुछ हिरोइन लोग रानू मंडल के किरदार में अपना फिट नइखे पावत, एही से कास्टिंग में देरी होखता. ऋषिकेश पिछला साल अभिनेत्री सुदीप्ता चक्रवर्ती से भी एह रोल खातिर संपर्क कइले रहले. बाकिर सुदीप्ता का कहली एकर अभी कौनो खबर नइखे. अच्छा अब रउरा सब के मन में उठत होई कि कोष्ठक में हम उनुकर नांव “रानू मारिया मंडल” काहें लिखले बानी. त रानू मंडल ईसाई धर्म के मानेली. जीसस क्राइस्ट के ऊ “मालिक” कहेली. उनुका घर में जीसस क्राइस्ट के कई गो फोटो मिल जाई.

अभी के हाल जाने के पहिले उनका अतीत के बारे में जान लिहल जाउ. सन 2019 के पहिले रानू, कोलकाता से करीब 73 किलोमीटर दूर रानाघाट रेलवे स्टेशन पर गीत गाके भीख मांगते हुए आपन गुजारा करत रहली. उनुकर आवाज बहुते सुंदर बा. बाकिर उनुकरा ओर केहू ध्यान ना देत रहे. उलझल बाल, मइल- कुचइल साड़ी आ गोड़ में एगो बहुते पुरान घिस चुकल चप्पल. ओही तरे गावत रहसु, केहू- केहू पइसा फेंकि देउ, बिस्कुट कीन के दे देउ. ओही आमदनी से उनुकर जीवन चलत रहे. आज से तीन साल पहिले के घटना ह. रानाघाट रेलवे स्टेशन पर एगो युवक अंतींद्र चक्रवर्ती के ध्यान अचानके रानू मंडल के मधुर आवाज का तरफ गइल. ओहघरी रानू मंडल लता मंगेश्कर के गावल एगो गाना गावत रहली- एक प्यार का नगमा है….. अतींद्र अपना एंड्राएड फोन से उनुकर गाना- “एक प्यार का नगमा है…” गावत एगो वीडियो बना लिहले आ सोशल मीडिया पर रिलीज क दिहले. बस, रानू मंडल रातोंरात स्टार बनि गइली. अतींद्र के वीडियो देखि के मशहूर गायक हिमेश रेशमिया उनुका के बोला के अपना फिल्म- “हैप्पी हार्डी एंड हीर” खातिर उनुका से गाना गवा के उनुका के बिग ब्रेक दिहले. गाना के बोल रहे- “तेरी मेरी कहानी…”. हिमेश उनुका से तीन गो गाना गववले. ओमे से एगो रहे- “तेरी मेरी आशिकी…”.

रानू त सेलिब्रिटी नियर हो गइली. उनुका के कुछ लोग रानाघाट के लता मंगेश्कर तक कहे लागल. रानू के जनम पश्चिम बंगाल के नदिया जिला के कृष्णनगर में भइल रहे. उनुका बचपन में उनुकर महतारी मरि गइली त उनकरा के उनुका नानी का घरे रानाघाट ले आवल गइल. ओइजे उनुकर पालन- पोषण भइल. जब रानू मंडल अपना ख्याति के शिखर पर पहुंचि गइली त सेलिब्रिटी में शामिल हो गइली. तमाम रियलटी शो में उनुका के बोलावे लागल गइल. तले मुंबई में रास्ता- घाट चलत में उनुकरा के एगो उनकर फैन मिल गइल. फैन कहलस कि एगो तोहरा संगे सेल्फी लेबे के चाहतानी. एकरा पर रानू मंडल खिसिया गइली. कहली कि हमरा मत छूअ. दूर हट. आ सेल्फी ना लेबे दिहली. एह बात के वीडियो रिलीज भइल आ लोगन में ई छवि बनल कि रानू मंडल में अहंकार आ गइल बा. ईहो अफवाह रहे कि हिमेश रेशमिया उनकर गाना हटा देले बाड़े. बाकिर एकर कौनो पक्का सबूत नइखे. हिमेश रेशमिया उनुका के सेलीब्रिटी बना दिहले. उनुकर गंदा दांत साफ करवा के चमका दिहले आ खूब बढ़िया मेकअप कके उनुका के भरपूर इज्जत दिहले. उनुका संगे सलमान खान आ राज बब्बर भेंट कइल लोग. आरोप बा कि एह ख्याति के रानू ठीक से हैंडिल ना क पवली. उनुका में अहंकार आ गइल. ख्याति जब आवेला त ओकरा के बड़ा सावधानी से संभारे के परेला. या त पहिले नियर डाउन टू अर्थ रहीं. आ ना त सामान्य स्थिति में विनम्रता से सबका से बात करीं.

व्यवहारिकता के कुल मानदंड अपनाईं. जब रउवा लोगन के ख्याल राखबि त लोगो राउर ख्याल राखी. आरोप बा कि एइजे रानू मंडल से गलती हो गइल. केहू- केहू से ऊ खिसिया के अड्ड- बड्ड बोल देसु. लोग बुरा मान जाउ. धीरे- धीरे रानू मंडल के आभामंडल खतम होखे लागल. बालीवुड में काम ना मिले. रुपया- पइसा के अभाव होखे लागल. कुछ लोग कहेला कि फिल्मी दुनिया में रानू के कौनो गाडफादर नइखे, एही से उनकरा प्रतिभा के जगह ना मिलल. एमें दू राय नइखे कि रानू मंडल के गला बहुत सुरीला बा. रानाघाट में उनकर पड़ोसी एगो महिला के वीडियो सामने आइल बा जौना में ई मेहरारू कहतारी कि रानू मंडल बड़ा जल्दी नाराज हो जाली आ केहू के अपशब्द बोल देली. एही से उनकर परिवार उनुका के अकेले छोड़ दिहलस. ई बात कतना सांच बा, कहल ना जा सकेला. बहुते लोग उनुका के सनकी कहेला. बाकिर कई गो प्रतिभावान लोग सनकी भी होले. त रानू मंडल लौट के फेर रानाघाट चलि अइली आ अपना पुरान टूटल- फूटल घर में रहे लगली. आजुओ ओही जा बाड़ी. आसपास के दोकानदार मेहरारू कहुए कि रानू बढ़िया स्वभाव के मेहरारू हई. कुछ साल पहिले पगला गइल रहली. अब त ठीक बाड़ी.

घर के हालत कइसन बा? बिजली के कनेक्शन कटि गइल बा. घर के दशा जर्जर बा. ओसारा के खपड़इल उजड़ि गइल बा. एक कमरा के घर के भीतर एगो डबल बेड पलंग बा. देवाल के सीमेंट कहीं- कहीं उखड़ि के गिरता. घर में मुंबई में मिलल कुछ पुरस्कारन के ट्राफी बाड़ी सन. माने अल्पकालिक स्वर्णकाल के कुछ चिह्न बाड़े सन. उनुका घर में जीसस क्राइस्ट के कई गो चित्र बा.

पहिले स्टेशन पर गावत रहली ह, त लोग पइसा भा बिस्कुट देत रहल ह. अब पुराना स्थिति में आ गइला का बावजूद अपना टूटल- फूटल घर में रहतारी. विडंबना देखीं कि बहुते कम समय खातिर शोहरत के ऊंचाई पर रहली. भव्य सेट पर उनकर स्वागत कइल जाउ. फेर अपना सनक के कारण लोगन से दूर होखत कइली. आ ओकरा बाद लौटि के बंगाल में अपना घरे चलि अइली. हो सकेला उनकर सनक ही उनकर ताकत होखे. मूल स्वभाव त केहू के जल्दी छूटे ना. बाकिर संसार के लोग ओकर तरह- तरह से व्याख्या करेला. विधि के विधान केहू टारि ना सकेला. एकर जे जौन व्याख्या करो, बाकिर सच्चाई ईहे बा.

(विनय बिहारी सिंह वरिष्ठ पत्रकार हैं, आलेख में लिखे विचार उनके निजी हैं.)

Tags: Bhojpuri Articles, Bhojpuri News, Ranu Mandal

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here