Home भोजपुरी Bhojpuri: कोरोना के तीसरा लहर आ भोजपुरी सिनेमा

Bhojpuri: कोरोना के तीसरा लहर आ भोजपुरी सिनेमा

0
Bhojpuri: कोरोना के तीसरा लहर आ भोजपुरी सिनेमा

[ad_1]

अब ई बात केतना सच होई, आवे वाला समय बताई. बाकिर फिल्म इंडस्ट्री तीसरा लहर के चलते बंद होखे होखे भइल रहल हिया, उ साइत बंद ना होई. काहें कि अभी भी आधा ऑक्यूपेंसी के साथे कई राज्य में सिनेमाघर खुलल बा. भोजपुरी के भी कई गो फिल्म रिलीज हो रहल बाड़ी सन अउरी होखिहसन.

पुलिस महकमा के इर्द गिर्द बुनल कहानियन के सिलसिला बहुत पुरान बा. हिन्दी फिल्म जगत में ई ट्रेंड त 60 के दौर से बा, बाकिर जब अमिताभ बच्चन के दौर 70 के दशक में आइल तब पुलिस अफसर के चरित्र के लेके बहुत कहानी गढ़ल गइल. खुद अमिताभ बच्चन कई गो फिल्मन में पुलिस अफसर के किरदार निभवलें. उनके करियर के सफलता के ऊंचाई पर चढ़ावे वाली फिल्म ‘जंजीर’ में उ इंस्पेक्टर विजय के रोल में रहलें. इहे फिल्म रहे जवन अमिताभ के ‘एंग्री यंग मैन’ के टाइटल देहलस. अउरी एहीजा से एंग्री यंग मैन के मुख्य किरदार वाला फिल्मन के शृंखला चालू भइल. कहे के माने एकरा बाद दोसर हीरो लोग भी अइसन किरदार करे लागल लोग जवन हीरो त रहे, आदर्श काम भी करे बाकिर ओकरा लगे गुस्सा के गुबार रहे जवना के चलते उ आदर्श चरित्र ना लागे बल्कि अइसन बुझाव कि उ हमनी रउआ बीच के कवनो सामान्य इंसान ह.

अइसन किरदार भोजपुरी में भी खूब गढ़ल गइल बा. पुरान फिल्मन में भी अउरी नया में भी. अगर रउआ पहिला रंगीन फिल्म ‘दंगल’ देखले होखब त ओ में सुजीत कुमार के किरदार एगो पहलवान के बा जवन दिल के त अच्छा बा बाकिर मिजाज के हुंड बा. ओकरा केहू के गर्मी बर्दास्त नइखे. ई फिल्म 1977 में रिलीज भइल रहे. उनकरे फिल्म 1984 में रिलीज भइल ‘पान खाए सईयां हमार’. एह में उ लठैत के किरदार में रहलें. ई लठैत सभके मदद करत बा. एह में भी उनके किरदार एंग्री यंग मैन’ के रहे. एह फिल्म में उनके मित्र अउरी एंग्री यंग मैन के टाइटल से मशहूर अमिताभ बच्चन भी अतिथि भूमिका में रहलें. रेखा भी एह फिल्म में आइल रहली बाकिर अलग फ्रेम में. तब दुनू जाना के प्रेम संबंध के विवाद भी चलत रहे. एकर फायदा एह फिल्म के मिलल रहे.

जब भोजपुरी के नया यानी तीसरा दौर शुरू भइल तब भी पुलिस के किरदार के आस पास के खूब फिल्म के कहानी गढ़ाइल. जइसे मनोज तिवारी के दुसरा फिल्म रहे ‘दरोगा बाबू आई लव यू’. उ ‘हनुमान भक्त हवलदार’ में भी पुलिस वाला के किरदार कइले रहलें. ओसहीं रवि किशन भी आपन करियर में कई गो पुलिस के किरदार वाला फिल्म कइलें. उनके भोजपुरी में हालिया रिलीज फिल्म ‘सनकी दरोगा’ असहीं एगो एंग्री यंग मैन दरोगा के फिल्म रहे जवन ओकरा क्षेत्र में बढ़त रेप आ महिला अत्याचार के खतम करे खातिर कानून हाथ में भी लेबे के मजबूर हो जात बा.

पवन सिंह भी असहीं एगो फिल्म लेके आ रहल बाड़ें, ‘प्यारी चाँदनी’. एह फिल्म में उनके ऑपोजिट निधि झा बाड़ी. एह फिलिम में पवन सिंह एगो एंग्री यंग मैन दरोगा के रोल में बाड़ें जवन अपना कर्तव्य खातिर आपन बियाह छोड़ देत बा. ओकर प्रेमिका से ही घर वाला बियाह करत बाड़ें. जब दूल्हा मंडप में नइखे आवत त बेटी के बाप इज्जत बचावे खातिर एगो धूर्त से बियाह कर देत बा. जवन ओकरा बेटी के शहर ले आवे के नाम पर आपन बियर बार में नचनिया बना देत बा. एह फिल्म में लीड विलेन के गेटअप तथाकथित गॉडमैन राम रहीम के जइसन दिहल बा. उ बियर बार ओही विलेन के रहत बा. पुलिस अफसर के प्रेमिका बार डांसर बन गइल बिया जवन ओकरा पता नइखे. एक बार रेड मारे के दौरान उ अपना प्रेमिका से मिलत बा लेकिन ओकरा से कुछ कहि नइखे पावत, कहो का, ओकरे चलते उ इहाँ बिया. फिल्म के इहे कहानी बा, ट्रीटमेंट रूटीन भोजपुरी फिल्मन जइसन बा. पवन सिंह के फैन ई फिल्म देखे जाई. फिल्म में भोजपुरी के नाम पर खाली भोजपुरी गाना बा, बाकिर सगरी संवाद हिन्दी में बा.

रितेश पांडे के भी चांदनी सिंह, ऋचा दीक्षित अउरी संजय पांडे के साथे फिल्म आ रहल बा, नाम बा ‘महावर’. ई फिल्म के निर्देशक धीरू यादव बाड़ें. फिल्म के कहानी बा एगो जवानी के प्रेमी कृष्णा अउरी प्रेमिका के, जवना दुनू के बियाह में एके गो बाधा बा कि लइकी के भाई बुढ़ाता अउरी ओकर बियाह सबसे पहिले कइल जरूरी बा. कृष्णा के एगो बचपन के दोस्त बिया चाँदनी. ओकरे से प्रेमिका के भाई आलोक के बियाह तय होत बा, बाकिर परिस्थिति अइसन मोड़ लेता कि चाँदनी अउरी कृष्णा के बियाह हो जात बा. चाँदनी असलियत जानत बाड़ी, एही से बांझ होखे के नाटक करत बाड़ी. आगे का होत बा, इहे फिल्म के कहानी बा. फिल्म त साफ सुथरा लागत बा, संवाद द्विअर्थी बा.

‘लव विवाह डॉट कॉम’ नाम से प्रदीप पांडे अउरी आम्रपाली दुबे के फ़िल्म आ रहल बा. ई फिल्म मेडिकल कॉलेज के पृष्ठभूमि में लेके रचल गइल बा. फिल्म के लेखक – निर्देशक अनंजय रघुराज बाड़ें. कहानी में ताजगी लिआवे के कोशिश भइल बा. जब फिल्म कॉलेज में रहत बा तब त दृश्य बड़ा सुंदर बनल बाड़ी सन. बाकिर जब फिल्म में फाइट अउरी भागा दौड़ी के सीक्वेंस आवल चालू होत बा त उ रूटीन भोजपुरी फिल्म लेखां लागे लागत बा. फिलहाल त ट्रेलर देख के अइसने बुझाता. फिल्म के संवाद सुन के जरूर खटका लागत बा, काहें कि कई बार संवाद के अक्सेंट बदलत बा. ई फिल्म स्क्रीन पर का परफॉरमेंस दी, उ त भविष्य बताई.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं.)

Tags: Bhojpuri Articles, Bhojpuri Cinema, Bhojpuri News, COVID 19

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here