Home भोजपुरी Bhojpuri: फिल्मी सुग्गा- श्रीदेवी जब कइली शादीशुदा बोनी कपूर से बियाह, तब कई जाना के टूटल दिल

Bhojpuri: फिल्मी सुग्गा- श्रीदेवी जब कइली शादीशुदा बोनी कपूर से बियाह, तब कई जाना के टूटल दिल

0
Bhojpuri: फिल्मी सुग्गा- श्रीदेवी जब कइली शादीशुदा बोनी कपूर से बियाह, तब कई जाना के टूटल दिल

[ad_1]

हॉस्टल में श्रीदेवी के नाम पर लड़ाई हो जाव कि श्रीदेवी हमार सबसे पसंदीदा हई कि सामने वाला के. श्रीदेवी के पतो ना रहे, बाकिर कहीं देश के कवनो कोना में बॉयज हॉस्टल के लइका एह बात पर लड़sसन कि सामने वाला ओकरा श्रीदेवी के कुछ कहे के हिम्मत कइसे कइलsस. लेकिन जब श्रीदेवी कई गो फिल्म स्टार, जवान प्रशंसक के दिल तूर के निर्माता बोनी कपूर से बियाह कइली त सभके बड़ा अचरज भइल, काहें कि बोनी शादीशुदा रहलें अउरी उनके दू गो संतान अर्जुन कपूर आ अंशुला रहली.

फिल्मी सुग्गा आज सुनाई हवा हवाई अउरी चाँदनी के नाम से मशहूर श्रीदेवी के प्रेम के कहानी. श्रीदेवी फिल्मन के हिट हीरोइन रहली आ बोनी कपूर के प्रोडक्शन में कई गो हिट फिल्म कइली, जे में मिस्टर इंडिया भी एगो रहे. बोनी कपूर से नजदीकी तबे बढ़ल. एने बोनी कपूर उनका के प्रभावित करे खातिर लक्जरी वैनिटी वैन मंगावस. उनका आराम के पूरा ध्यान रखे खातिर सहायकन के फौज लगवले रहलें. ओकरा अलावा भी बोनी कपूर बड़ा प्रयास कइलें कि श्रीदेवी के दिल जीत लेस, जवन भइल भी. हालांकि जब ई सब भइल रहे तब लोग श्रीदेवी के बड़ा बुरा भी कहल. उनका के घर तूरे वाला के भी उपाधि लोग दिहल. कारण रहे कि उ बोनी कपूर के पहिला बीवी मोना शौरी कपूर के सहेली रहली.

श्रीदेवी के फिल्म में लेबे खातिर बोनी दिहलें बढ़ाके पेमेंट

बोनी कपूर श्रीदेवी के पहिला मुलाकात एगो फिल्म के सेट पर भइल रहे. बोनी जबसे उनके स्क्रीन पर देखले रहलें उ मन में सोच लेहले रहलें कि उ श्रीदेवी के अपना फिल्म में कास्ट जरूर करिहें. जब मिस्टर इंडिया खातिर उ श्रीदेवी के साइन करे गइलें तब उनके माई ही उनके मैनेजर रहली. ओ बेरा सबसे ज्यादा कमाए वाली हीरोइन 8 से साढ़े आठ लाख रूपिया लेव. बाकिर श्रीदेवी के माई बोनी से 10 लाख रुपिया के मांग कइली एगो फिल्म खातिर. बोनी कहलें कि हम 11 लाख देब. उ श्रीदेवी के अपना फिल्म में साइन करे के कवनो मौका हाथ से ना जाए देबे चाहत रहलें. उनके माई के बड़ा अचरज भइल कि ई त बड़ा पगला प्रोड्यूसर बा. त श्रीदेवी एह तरे बोनी कपूर के फिल्म में आ गइली. सभे जानत बा कि शेखर कपूर के निर्देशन में बनल मिस्टर इंडिया केतना बड़ हिट फिल्म साबित भइल अउरी आज ले ओ साइंस फिक्शन फिल्म के लोग चाव से देखेला.

बोनी कपूर इहे फिल्म से अपना होखे वाला पत्नी के इंप्रेस कइल चालू कइलें. उ श्रीदेवी के खुशी के हर ख्याल रखल चालू कइलें अउरी उ भी खुदे. हालांकि अइसन फिल्म इंडस्ट्री में खूब होला. सुंदर हीरोइन के इंप्रेस करे के सभे कोशिश करते रहेला. अक्सर प्रोड्यूसर अपना रुपया के ताकत से हीरोइन के लुभावे चाहेला. संभव बा श्रीदेवी के अइसन कई गो निर्माता मिलल होइहें, अरे महाराज उ एतना सुंदर रहबे कइली. बाकिर बोनी कपूर के श्रीदेवी के प्रति खाली आकर्षण त रहे ना कि उ छोट मोट संबंध स्थापित करके किनारा हो जास. बोनी कपूर खुद अपना बयान में ई स्वीकार कइले बाड़ें कि उ श्रीदेवी के प्यार में बहुत गहिरा डूब गइल रहलें आ उनके श्रीदेवी के सच में बहुत परवाह रहे.

अब देखीं सच्चाई त सच्चाई ह. श्रीदेवी के भी एकर एहसास भइल अउरी उ भी बोनी कपूर के ओर खिंचात गइली. देखीं प्रेम होखल त कवनो खराब बात ना ह, बाकिर शादी शुदा आदमी के केहू अउरी से प्रेम हो जाव त समाज, मर्यादा आपन भृकुटी त तनबे करी. नैतकिता के दृष्टि से देखल जाव त अइसन होखहीं के चाहीं कि जेकर तू हाथ बाहीं धइले बाड़s, ओकरा के साथे किनारा ले ले जा.

बाकिर बोनी कपूर अउरी श्रीदेवी के नजदीकी बढ़त गइल. बोनी कपूर श्रीदेवी के साथे हर मौका पर खड़ा रहलें. जब श्रीदेवी के बाप आ ओकरा बाद माई के भी मृत्यु भइल तब बोनी लगातार श्रीदेवी के साथ देहलें. ई सब बात श्रीदेवी के बड़ा अच्छा लागल, उ असली बोनी के जनली. हालांकि 1986 में शुरू भइल ई जुड़ाव, परिपक्व भइल 1993 में, जब बोनी श्रीदेवी के प्रपोज कइलें. श्रीदेवी भी उनके चाहे लागल रहली एहीसे स्वीकार भी कर लेहली.

श्रीदेवी बिआह से पहिले ही हो गइल रहली प्रेग्नेंट

बोनी आपन पहिला बियाह कइलें मोना शौरी से. तब मोना 19 साल के रहली आ बोनी 29 साल के. दुनू जाना प्यार में पड़ के बियाह कइल लोग. ई बियाह 13 साल चलल. जब बोनी 1996 में मोना से तलाक लेहलें तब उ पूरा तरह से टूट गइली. हालांकि कई गो रिपोर्ट ई भी कहेला श्रीदेवी शादी से पहिले ही मोना के साथे उनका घर में रहत रहली. अइसन भी बात मीडिया में अभियो घूमेला कि श्रीदेवी जब बोनी से शादी कइली ओकरा से पहिलही उ प्रेग्नेंट रहलीं. हालांकि सभके आपन जीवन होला अउरी आपन निर्णय. एही से समाज के एह पर कवनो जजमेंट देबे से बचे के चाहीं.

बोनी कपूर अउरी श्रीदेवी 1996 में खुशी खुशी बियाह कइल लोग आ ओ लोग के रिश्ता 2018 ले खुशी खुशी चलल. बाकिर सभकरा खातिर ई झटका वाला खबर रहे जब श्रीदेवी के दुबई में होटल रूम में दुर्घटनावश मृत्यु हो गइल. एह घटना से कुछ देर पहिले ही बोनी अपना प्यार आ पत्नी के साथे अंतिम खूबसूरत क्षण बिता सकलें. एह तरे एगो उतार चढ़ाव से भरल प्रेम संबंध के भौतिक समाप्ति भइल.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

Tags: Article in Bhojpuri, Bhojpuri, Boney Kapoor, Sridevi

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here