Home भोजपुरी Bhojpuri: अभिनय के जादूगर इरफान के संघर्ष कथा भी एगो फिलिमे बा, जानीं कइसे

Bhojpuri: अभिनय के जादूगर इरफान के संघर्ष कथा भी एगो फिलिमे बा, जानीं कइसे

0
Bhojpuri: अभिनय के जादूगर इरफान के संघर्ष कथा भी एगो फिलिमे बा, जानीं कइसे

[ad_1]

इरफान अगर जीवित रहितें त आज 56 साल के रहितें आ फ़िल्म प्रेमियन के साथे आपन जन्मदिवस मनावत रहितें. 2020 में कोरोना काल के दौरान ही उनके लमहर बीमारी के बाद देहांत हो गइल रहे. उ ब्रेन ट्यूमर के अंतिम स्टेज से लड़त लड़त एगो बेहतरीन फ़िल्म भी शूट करके गइलें जवन रहे उनके हिट फिल्म हिंदी मीडियम के सीक्वल अंग्रेजी मीडियम. इरफान के आलोचक भी उनका से प्यार करें, अइसन रहे उनके करिश्मा. जब उ कैमरा के सामने आवस त बुझइबे ना करे कि उ अभिनय करत बाड़ें. एतना एफर्टलेस अभिनय कि सह कलाकार भी सोचे पर मजबूर हो जाव. ओकरा लागे कि ई अभिनय नइखन करत, शायद उ किरदार के जी रहल बाड़ें.

अक्षय कुमार एगो साक्षात्कार में इरफान के सामने ही कहलें कि जब हम इनका साथे फ़िल्म करत रहनी त इरफान कैमरा के सामने आवस आ बिना कवनो विशेष हरकत के आपन किरदार सहजता के साथे निभावे लागस. कई बार हम सोचीं कि अब ई कुछ करिहें अब कुछ करिहें तबले सीन खतम. एतना सहजता अभिनय में पता ना कइसे ले आवेलें इरफान! अक्षय अउरी इरफान के साथ में फ़िल्म आइल बा. पहिला ‘आन – मेन एट वर्क’ जे में उ एगो गैंगस्टर रहलें आ अक्षय पुलिस वाला. फेर दुनु जाना एगो अउरी फ़िल्म थैंक यू में साथे लउकल लोग.

इरफान के पूरा नाम इरफान खान रहे. बाकिर उ एक बार टीवी पर साक्षात्कार देत एगो मौलाना के खूब लतड़लें अउरी कहलें कि अगर इरफान नाम से लोग उनके ना जानित त उ ई नामो हटा लेतें. दरअसल इरफान अध्यात्म के तरफ झुकाव रखस. उनके कठमुल्लापन से बहुत घृणा रहे. उनका खातिर मानवता सर्वोपरि रहे आ एही के चलते उनके आपन कौम के कट्टरपंथी लोग बड़ा नफरत करे. इहे कारण रहे कि जब इरफान के दुर्भायपूर्ण मृत्यु भइल त ई वर्ग मातम के जगह हर्ष मनावल. जबकि पूरा विश्व उनका असमय विदाई से दुख के सागर में डूबल रहे. इरफान अभिनय के अध्यात्म से जोड़ के देखस आ एही के चलते उनका काम में रउआ एगो कनेक्शन मिली, एगो आध्यात्मिक जागरण के बोध लउकी.

इरफान क्रिकेटर बने से चूक गइलें

इरफान ओइसे त टायर व्यवसायी के घरे पैदा भइलें बाकिर उनके घर से बहुत सपोर्ट ना मिलल. साहिबजादे इरफान खान के जनम राजस्थान के जयपुर के टोंक में भइल रहे. उनके माता जी चाहत रहली कि इरफान अंग्रेजी पढस आ बड़हन अफसर बनस. उनके सरकारी स्कूल से निकाल के अंग्रेजी स्कूल में दाखिला करा देली बाकिर उनके मन अंग्रेजी में ना लागे. एही के चलते रोज उनका सजा मिले.

इरफान क्रिकेटर भी बने के चाहत रहलें आ सीके नायडू ट्रॉफी में अंडर 23 टीम में सेलेक्शन भी हो गइल रहे. उनके एकरा बाद सीधे फर्स्ट क्लास क्रिकेट खेले के मौका मिले वाला रहे बाकिर उनके परिवार के सपोर्ट ना रहे एही के चलते उ क्रिकेटर ना बन पवलें. बाकिर उ अपना मामा के जब थिएटर में काम करत देखलें त उनके अभिनय में जाये के मन कइल आ उ एनएसडी के स्कॉलरशिप पर अभिनय सीखे दिल्ली चल अइले. एनएसडी के प्रशिक्षण पूरा भइला के बाद उ काम पावे खातिर संघर्ष करे लगलें.

हॉलीवुड के चहेता बने से पहिले रहलें एसी मैकेनिक

इरफान एक समय में हॉलीवुड के चहेता बन गइलें. उनके उहां के डायरेक्टर अपना हर फ़िल्म में लेबे खातिर बेकल होखे लगलें बाकिर इरफान हिंदी सिनेमा से आपन प्यार कबो कम ना होखे दिहलें अउरी इहाँ खातिर काम करत रहलें. इरफान जब संघर्ष के दिन में रहलें त आपन रोजी रोटी खातिर एसी मैकेनिक के काम करे लगलें. एही दौरान उ एक बार राजेश खन्ना के घरे एसी रिपेयर करे गइलें. जब उहाँ उ राजेश खन्ना के थाट बाट अउरी प्रसिद्धि देखलें त भौंचक हो गइलें आ एकदम सोच लिहलें कि उनके बड़का फिल्म एक्टर बने के बा, जवन पूरा भइबो गइल.

इरफान 30 साल के करियर में हिंदी, अंग्रेजी, उर्दू, पंजाबी, बंगाली, मराठी भाषा के फिल्मन में काम कइलें. उ टीवी शो में भी बहुत प्रसिद्ध रहलें, उनके चंद्रकांता के रोल के बाद सबसे ढेर प्रसिद्धि मिलल. उनके एगो नेशनल फ़िल्म अवार्ड, एशियन फ़िल्म अवार्ड, छव गो फिल्मफेयर अवार्ड मिलल. उनके करियर में 80 गो के लगभग फ़िल्म रिलीज भइल.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)

टैग: भोजपुरी लेख, भोजपुरी समाचार, इरफान खान, इरफ़ान खान पर समाचार

.

[ad_2]

Source link

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here